गोरखपुर विश्वविद्यालय के परीक्षा के बढ़ल तारीख :विंटर वेकेशन होखले से दू पार्ट में करावल जाई परीक्षा, गाइडलाइन भइल जारी

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 28, 2022

गोरखपुर विश्वविद्यालय में एक बेर फिर से एग्जाम के डेट बढ़ावल गइल बा। विश्वविद्यालय के तरफ से कहल गइल बा कि एग्जाम के डेट के बीच में विंटर वेकेशन पड़ रहल बा जेसे विश्वविद्यालय एग्जाम

Share

गोरखपुर विश्वविद्यालय में एक बेर फिर से एग्जाम के डेट बढ़ावल गइल बा। विश्वविद्यालय के तरफ से कहल गइल बा कि एग्जाम के डेट के बीच में विंटर वेकेशन पड़ रहल बा जेसे विश्वविद्यालय एग्जाम के 2 पार्ट में करावे के फैसला लिहले बानें।

गोरखपुर विश्वविद्यालय के तरफ से ई जानकारी दीहल गइल। जेमें बतावल गइल कि UG.PG के थर्ड टर्म परीक्षा के 29 दिसंबर से 7 जनवरी ले विश्वविद्यालय के दीक्षा भवन में करावल जाई। 7 जनवरी के विंटर वेकेशन होखले के चलते एग्जाम फिर से 16 जनवरी से 31 जनवरी तक पूरा करा दिहल जाई।

परीक्षा के स्टूडेंट्स के सुविधा के लिए 4 शेड्यूल में कराई। जेमें परीक्षा का पहिला शेड्यूल 9 से 10, दूसरा शेड्यूल 11 से 12, बजे तीसरा शेड्यूल 1 से 2, चउथा शेड्यूल 3 से 4 तक रखल गइल बा। उहवें 25 जनवरी के 9 बजे से 11:30 बजे ले, 2 बजे से 4:30 बजे ले B.Tech, B.Com (बैंकिंग एंड इंश्योरेंस), MSC (कृषि), LLB, BALLB, LLM के मिड टर्म अउर टर्म के परीक्षा संपन्न होई।

परीक्षा देवे आइल स्टूडेंट्स खातिर गाइडलाइन भी जारी कइल गइल बा। जेमें स्टूडेंट्स के बतावल गइल कि मोबाइल, कैलकुलेटर, बैग, इलेक्ट्रॉनिक वस्तु आदि सामान के परीक्षा सेंटर में ले गइले के अनुमति नाइ होई।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.