Gorakhpur News: बेटा संगे सामान लेवे गइल रहे महिला, चल गइल जान

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 10, 2025

गोरखपुर : सनीचर के रात तेज रफ्तार बेकाबू कार एगो महिला के ठोकर मार देलस। एह दुर्घटना में महिला के मौत हो गइल। ऊ अपना बेटा के संगे सामान लेवे निकलल रही। उनकर बेटा के

Share

Gorakhpur News: बेटा संगे सामान लेवे गइल रहे महिला, चल गइल जान

गोरखपुर : सनीचर के रात तेज रफ्तार बेकाबू कार एगो महिला के ठोकर मार देलस। एह दुर्घटना में महिला के मौत हो गइल। ऊ अपना बेटा के संगे सामान लेवे निकलल रही। उनकर बेटा के तहरीर पs कार चालक के विरुद्ध केस दर्ज कइल गइल बा। कार एतना बेकाबू रहे कि महिला के टक्कर मरला के बाद 200 मीटर आगे एगो आउर कार में ठोकर मार देलास। बतावाल जा रहल बा कि चालक नशा में रहे। कार के ठोकर मरला के बाद राहगीर ओकर पिटाइयो कइल लो।

दुर्घटना में मारल गइल महिला के पहचान शाहपुर के राप्तीनगर फेज 1 के शैल देवी के रूप में भइल बा। दुर्घटना में ऊ बुरा तरे घायल हो गइल रहे। पुलिस के मदद से उनका के मेडिकल कॉलेज पहुंचावल गइल। इलाज के दौरान उनकर मौत हो गइल। बेटा के संगे ऊ सामान लेवे गइल रहे। सड़क पार करत घरी समय खजांची के ओर से आ रहल तेज रफ्तार कार टक्कर मार देलस। चालक के हिरासत में ले लिहल गइल रहे।

महिला के मरला के बाद एगो आउर कार में मारल टक्कर

महिला के मरला के बाद चालक कार के गति आउर बढ़ा देलस। भागत घरी लगभग 200 मीटर दूर जाके ऊ एगो आउर कार में जोरदार टक्कर मार देलस। गाड़ी मालिक आरोपित चालक के राहगीरन के मदद से पकड़ लेलस। ओकरा के जमके पीटल गइल। एकरा बाद शाहपुर पुलिस के सउप दिहल गइल।

Read Also: रोहित शर्मा सबसे जादे वनडे सिक्स लगावे वाला दूसरका बैटर: आपन सेकेंड फास्टेस्ट सेंचुरी लगवलें, विराट के 329 इंटरनेशनल कैच पूरा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.