गोरखपुर : DDU में नियुक्त होई लो 100 से जादे गेस्ट फैकल्टी : फाइनेंस कमेटी के मीटिंग में प्रस्ताव के मिलल मंजूरी, 28 करोड़ से बुनियादी सुविधन के मिली मजबूती

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 30, 2024

गोरखपुर यूनिवर्सिटी में सेल्फ फाइनेंस कोर्सेज के नियमित संचालन खातिर DDU प्रशासन बड़ा निर्णय लेले बा। यूनिवर्सिटी में 100 से जादे गेस्ट फैकल्टी के नियुक्ति कइल जाई। सत्र 2024-25 में एकरा खातिर 28.18 करोड़ रुपिया

Share

गोरखपुर यूनिवर्सिटी में सेल्फ फाइनेंस कोर्सेज के नियमित संचालन खातिर DDU प्रशासन बड़ा निर्णय लेले बा। यूनिवर्सिटी में 100 से जादे गेस्ट फैकल्टी के नियुक्ति कइल जाई। सत्र 2024-25 में एकरा खातिर 28.18 करोड़ रुपिया के बजट पास कइल गइल बा। फाइनेंस कमेटी के मीटिंग में एह प्रस्ताव के मंजूरी दिहल गइल बा।

VC प्रोफेसर पूनम टंडन के नेतृत्व में भइल मीटिंग में सत्र 2024-25 में सेल्फ फाइनेंस कोर्सेज के नियमित संचालन के एजेंडा उठल। एकरा बाद चरचा सुरू भइल कि कोर्सेज के संचालन में जादे धन के जरूरत होई। एकरा के देखत सेल्फ फाइनेंस कमेटी बजट के प्रावधान कइलस। अब 28 करोड़ रुपिया से बुनियादी सुविधन से लेके सब संसाधन उपलब्ध करावल जाई। VC प्रो. पूनम टंडन बतवलें कि इंजीनियरिंग डिपार्टमेंट में लैब आ लाइब्रेरी खुली।

कृषि संस्थान के विकसित कइल जाई। कुलपति बतवलें कि 100 से जादे गेस्ट फैकल्टी के नियुक्ति पs मुहर लाग गइल बा। अगिला सेशन में सेल्फ फाइनेंस कोर्सेज खातिर 50 करोड़ रुपिया से जादे के बजट के प्रावधान कइल जाई। कुलपति प्रो. पूनम टंडन बतवली कि DDU में प्रवेश समिति के बैठक दुपहरिया तीन बजे से प्रशासनिक भवन में होई। एमे BSC के बाद MA, सीट वृद्धि, प्रवेश में वेटेज जइसन प्रस्तावन पs मुहर लाग सकत बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.