Gorakhpur News: डीडीयू गोरखपुर के दु छात्रन के 5.80 लाख के सालाना पैकेज, एह कंपनी से मिलल ऑफर

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 17, 2023

गोरखपुर: डीडीयू गोरखपुर के ट्रेनिंग एंड प्लेसमेंट सेल ऑनलाइन मोड में छात्र छात्रा के लोगन इंटरव्यू भइल रहे। सेल्स एसोसिएट के पद खातिर लर्निंग रूट, गुड़गांव खातिर सात दर्जन छात्र-छात्रा भाग लेले रहे लोग। जे

Share

गोरखपुर: डीडीयू गोरखपुर के ट्रेनिंग एंड प्लेसमेंट सेल ऑनलाइन मोड में छात्र छात्रा के लोगन इंटरव्यू भइल रहे। सेल्स एसोसिएट के पद खातिर लर्निंग रूट, गुड़गांव खातिर सात दर्जन छात्र-छात्रा भाग लेले रहे लोग। जे एमबीए, बीबीए, बीकॉम आ एमकॉम कोर्स कर रहल बा लो। दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के दु छात्रन के चयन पांच लाख अस्सी हजार के वार्षिक पैकेज पs हो गइल बा।

कुछ दिन पहिले प्री ग्रेड में चार छात्रा लोगन के चयन, जारो एजूकेशन में सुश्री शांभवी के चयन, प्लैनेट स्पार्क में दिव्या यादव आ गीतांजलि होम एस्टेट में दानिश हसन इत्यादि जइसन विश्वविद्यालय के नवोदित प्रतिभा लोग कॉरपोरेट जगत में आपन ब्रांड दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के पहचान बनावल। ओहि कड़ी में प्रख्यात कंपनी लर्निंग रूट लिमिटेड में आयुष विश्वकर्मा आ हिमालिका सरीन के चयन हो गइल।

डीडीयू गोरखपुर के मिलल A++

विश्वविद्यालय के प्लेसमेंट सेल विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो० राजेश सिंह के दिशा निरदेसन में छात्र छात्रा लोगन के प्लेसमेंट दिलावे खातिर लगातार प्रयत्नशील बा। A++ ग्रेड मिलला के बाद लगातार कइयन गो ब्लू चिप कंपनी दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में कैम्पस प्लेसमेंट में पार्टिसिपेट कर रहल बा, पिछला कुछ दिनन में लर्निंग रूट, लर्निंगशाला, गीतांजलि होम एस्टेट, प्लैनेट स्पार्क आ त्रिवेणी अलमीरा दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में एमबीए बीबीए छात्र छात्रा लोगन खातिर कैम्पस प्लेसमेंट ड्राइव के आयोजन कइलस। एमे छात्र छात्रा लोग बहुत संख्या में उत्साहपूर्वक भाग लिहल, जवना के परिणाम स्वरूप छात्र छात्रा लोगन के चयन अलग-अलग कंपनी में लगातार हो रहल बा।

आयुष आ हिमालिका के फाइनल इंटरव्यू के बाद चयन 

दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय से सात छात्र छात्रा लोग लर्निंग रूट लिमिटेड के अंतिम राउंड खातिर क्वालिफाई कइल गइल रहे। जेमे अंतिम तौर पs लर्निंग रूट आयुष विश्वकर्मा आ हिमालिका सरीन के फाइनल इंटरव्यू के बाद चयन कइलस। कंपनी के मार्केटिंग हेड के ओर से अंतिम चरण में आनलाइन मोड में मार्केटिंग स्किल के टेस्ट लिहल गइल रहे। एमे दुनू लोग बहुते सानदार प्रदर्शन कइले रहे, चयनित बीबीए छात्र आयुष विश्वकर्मा आ छात्रा हिमालिका एमकॉम अंतिम वर्ष के परीक्षा के उपरान्त आपन कॉरपोरेट कैरियर सुरु करे वाल बा लो। आयुष विश्वकर्मा आ हिमालिका सरीन के चयन पs डिपार्टमेंट ऑफ बिजनेस एडमिनिस्ट्रेशन के विभागाध्यक्ष डॉ सत्यपाल सिंह आ समन्यवक डॉ. स्वर्णिमा सिंह ओह लोगन के उज्जवल भविष्य खातिर सुभकामना दिहल लोग।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.