गोरखपुर: अगिले हफ्ता से शुरू हो जाई खजांची फ्लाईओवर के निर्माण, 96.50 करोड़ बा लागत

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 23, 2022

बरगदवां से कौवाबाग जेल बाईपास फोरलेन के बीच खजांची चौराहा पs फ्लाईओवर के निर्माण के काम अगिले सप्ताह शुरू हो जाई। परियोजना के स्वीकृति अउर शिलान्यास के बादो निर्माण कार्य शुरू नाइ भइले पर बियफे

Share

बरगदवां से कौवाबाग जेल बाईपास फोरलेन के बीच खजांची चौराहा पs फ्लाईओवर के निर्माण के काम अगिले सप्ताह शुरू हो जाई। परियोजना के स्वीकृति अउर शिलान्यास के बादो निर्माण कार्य शुरू नाइ भइले पर बियफे के आयोजित बैठक में कमिश्नर रवि कुमार एनजी नाराजगी जतवलें।

सथही लोक निर्माण विभाग के मुख्य अभियंता के तीन दिन के भीतर सब तैयारी पूरा कs के निर्माण शुरू करावे के निर्देश दिहलें। बइठक के दौरान कमिश्नर एसडीएम, डीएफओ अउर बिजली निगम के अधिकारियन के निर्माण कार्य में पूरा सहयोग करे के कहनें। निर्देश दिहलें कि निर्माण शुरू कइले में बिजली के पोल-तार, पेड़ हटवले समेत जौन बाधा होखे, उनके तत्काल दूर कइल जाव।

96.50 करोड़ के लागत से प्रस्तावित एह फ्लाईओवर के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ 27 नवंबर के शिलान्यास कइले बानें। फ्लाईओवर के निर्माण से बड़ आबादी के जाम के समस्या से निजात मिली। बिहार अउर नेपाल जाए वाले वाहन जाम में नाइ फंसी।

बैठक के दौरान कमिश्नर पैडलेगंज से छात्र संघ चौराहा होत फिराक गोरखपुरी चौराहा ले फोरलेन अउर देवरिया बाईपास फोरलेन निर्माण काम के तैयारियन के बारे में भी जानकारी लिहलें। पैडलेगंज-नौसड़ सिक्स लेन के काम भी समय से पूरा करे के निर्देश दिहलें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.