Action : गोरखपुर एम्स के कार्यकारी निदेशक डॉ. सुरेखा हटावल गईली, सीवीसी के रिपोर्ट पs कइल गइल बा कार्रवाई

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 3, 2024

  केंद्रीय सतर्कता आयोग (सीवीसी) के रिपोर्ट के आधार पs अखिल भारतीय चिकित्सा विज्ञान संस्थान (एम्स) गोरखपुर के कार्यकारी निदेशक डॉ. सुरेखा किशोर के हटा दिहल गईल बा। उनुका कार्यकाल में अबहीं करीब डेढ़ साल

Share

 

केंद्रीय सतर्कता आयोग (सीवीसी) के रिपोर्ट के आधार पs अखिल भारतीय चिकित्सा विज्ञान संस्थान (एम्स) गोरखपुर के कार्यकारी निदेशक डॉ. सुरेखा किशोर के हटा दिहल गईल बा। उनुका कार्यकाल में अबहीं करीब डेढ़ साल बाचल रहे। एम्स पटना के निदेशक डॉ. जीके पाल के गोरखपुर के अतिरिक्त प्रभार भी दिहल गइल बा।

एम्स के उपनिदेशक प्रशासन अरुण कुमार सिंह एकर पुष्टि कईले बाड़े। बतावल जा रहल बा कि बुध के दिने कार्यवाहक निर्देशक गोरखपुर अइहें। छह महीना से उनुका के ईs जिम्मेदारी दिहल गइल बा। सीवीसी कार्यकारी निदेशक रहल डॉ. सुरेखा किशोर के खिलाफ शिकायत के जांच करतिया। जांच प्रभावित होखे के आशंका के चलते मंत्रिमंडल के समिति कार्यकाल के समय से पहिले समाप्त करे के मंजूरी दे देलस।

दुनु बेटा के नियुक्ति के मामिला में फंसली

सुरेखा किशोर अपना दुनो बेटा डॉ. शिखर किशोर वर्मा अवुरी डॉ. शिवल किशोर वर्मा के नियुक्ति के मामिला में घिरल बाड़ी। अगर सूत्र पs विश्वास करे के बा तs केंद्रीय सतर्कता आयोग में शिकायत कईल गईल। जांच में बहुत गड़बड़ी मिलल। एकरा बाद ए लोग के हटावे खातीर कार्रवाई भईल। मई 2023 में केंद्रीय सतर्कता आयोग में शिकायत कईल गईल रहे।

आरोप लगावल गईल कि डॉ. सुरेखा किशोर उनुका कार्यालय अवुरी पद के गलत इस्तेमाल स्पष्ट कईले बाड़ी। उहे नियुक्ति प्राधिकारी रहली। चयन समिति के सिफारिश के मंजूरी के आधार पs उनुकर बेटा डॉ. शिखर किशोर वर्मा अवुरी डॉ. शिवल किशोर वर्मा के नियुक्ति होखत रहे।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.