13 साल के लइकी से दुष्कर्म, हाथ-पांव बांध के मुंह में कपड़ा ठूंसलस, फेर दुकान में अलमारी के ऊपर फेंक दिहलस

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 9, 2024

यूपी के गाजीपुर के नोनहरा थाना क्षेत्र में एगो दोकानदार एगो 13 साल के नाबालिग के कुछ सामान देवे के बहाने दोकान के भीतर बोलवलस। पहिले उs लईकी के संगे दुष्कर्म कईलस। फेरु रस्सी से

Share

आरोपी दुकानदार

यूपी के गाजीपुर के नोनहरा थाना क्षेत्र में एगो दोकानदार एगो 13 साल के नाबालिग के कुछ सामान देवे के बहाने दोकान के भीतर बोलवलस। पहिले उs लईकी के संगे दुष्कर्म कईलस। फेरु रस्सी से हाथ-गोड़ बान्ह के मुंह में कपड़ा भर के दोकान में अलमारी के ऊपर फेंक देले।एs मामला में पुलिस अतवार के सांझ के चार बजे आरोपी के गिरफ्तार कs जेल भेज देलस। गिरफ्तार आरोपी के खिलाफ पॉक्सो एक्ट के तहत मामला दर्ज करावल गईल बा।

नाबालिग दोकान के सामने घूमत रहे

असल में नोनहरा थाना क्षेत्र के कठवमोड चौकी के अंतर्गत एगो गांव के निवासी शब्बीर शनिचर के सांझ के अपना बर्तन के दोकान पs बईठल रहले, ओही समय गांव के एगो नाबालिग लईकी दोकान के सोझा घूमत रहे। उs नाबालिग के कवनो काम के बहाने दोकान पs बोलवलस अवुरी पहिले ओकरा संगे दुष्कर्म कईलस. फेर हाथ बान्ह के मुँह में कपड़ा भर के दोकान में बंद कs दिहलस। जब परिवार ओकरा के खोजे लागल तs केहु बतवलस कि बर्तन के दोकान के दोकानदार ओकरा के भीतर बोलवले रहे.

एकरा बाद परिवार अवुरी पास के लोग शब्बीर के घर से बोला के ओकरा के दोकान पs ले गईले, दोकान खोलवा के लईकी के खोजे लगले। ओह घरी भी शब्बीर लगातार कहत रहले कि लईकी हमनी के दोकान में नईखे। उs अलमारी के ऊपर से कूद के बाहर आके रोवे लगली अवुरी शब्बीर के सभ कुकर्म के बारे में बतावे लगल.

इहो पढ़ीं: ‘रामायण’ में राम के किरदार निभवले पs रणबीर कपूर तुड़ले चुप्पी, बोलले- ‘इs ड्रीम रोल हs’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.