Ghaziabad Accident: ट्रेन के चपेट में अइला से तीन युवक के मौत, अबहीं ले शव के नइखे भइल पहचान

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 16, 2024

Ghaziabad Accident: गाजियाबाद के लोनी में आज भोरे दर्दनाक हादसा भइल। हाजीपुर राज इंटर कॉलेज के सामने रेलवे ट्रैक पs तीन युवकन के शव मिलला से इलाका में हड़कंप मच गइल। सूचना के बाद पहुंचल

Share

Ghaziabad Accident: गाजियाबाद के लोनी में आज भोरे दर्दनाक हादसा भइल। हाजीपुर राज इंटर कॉलेज के सामने रेलवे ट्रैक पs तीन युवकन के शव मिलला से इलाका में हड़कंप मच गइल। सूचना के बाद पहुंचल पुलिस शव के पहचान कइल शुरू कऽ देलस। मृतकों के लगे से कीपैड वाला दू गो मोबाइल फोन मिलल बा। पुलिस घटना के कारण के पता लगा रहल बिया।

लोनी में ऐतवार के भोरे दर्दनाक घटना सामने आइल। लोनी बॉर्डर क्षेत्र बेहटा हाजीपुर राज इंटर कॉलेज के सामने ट्रेन के चपेट में अइला तीन गो युवकन के मौत हो गइल।

राहगीर के घटना के जानकारी पुलिस के देले। सूचना पाके घटनास्थल पs पहुंचल स्थानीय पुलिस शव के कब्जा मे लेके शिनाख्त के प्रयास में जुटल बिया।

सहायक पुलिस आयुक्त अंकुर विहार भास्कर वर्मा बतवले की ऐतवार के भोरे लोनी बॉर्डर थाना पुलिस के सूचना मिलल कि राज इंटर कॉलेज के निकट रेलवे ट्रैक पs तीन युवकन के शव पड़ल बा।

सूचना पाके मौका पs पहुंचल पुलिस शव के कब्जे मे लेके पहचान के प्रयास कइलस। अबहीं ले पहचान ना हो सकल। मृतकन के लगे से कीपैड वाला दू गो मोबाइल मिलल बा। नंबर पs संपर्क कइल जा रहल बा। हादसे के कारण के पता लगावल जा रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.