BIHAR: गया एयरपोर्ट के मिलल ड्रोन से उड़ावे के धमकी, मचल हड़कंप, बढ़ावल गइल सुरक्षा

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 3, 2023

गया। बिहार के गया जिला से बड़ खबर सामने आ रहल बा, जहां गया एयरपोर्ट (Gaya Airport) के ड्रोन (Drone) के मदद से उड़ावे के धमकी मिलला के ममिला प्रकाश में आइल बा। दरअसल गया

Share

गया। बिहार के गया जिला से बड़ खबर सामने आ रहल बा, जहां गया एयरपोर्ट (Gaya Airport) के ड्रोन (Drone) के मदद से उड़ावे के धमकी मिलला के ममिला प्रकाश में आइल बा। दरअसल गया एयरपोर्ट प्रशासन के एगो चिट्ठी मिलल बा, जेमे लिखल बा कि गया एयरपोर्ट के ड्रोन से उड़ा दिहल जाई। एकरा बाद गया एयरपोर्ट प्रशासन (Gaya Airport Administration) अलर्ट मोड पs आ गइल बा आ एयरपोर्ट के अंदर आ बाहर सुरक्षा कड़ा कs दिहल गइल बा।

एह ममिला के लेके एयरपोर्ट प्रशासन आ जिला पुलिस विभागीय अधिकारियन के द्वारा एगो बैठक सुरक्षा के लेके कइल गइल। ई चिट्ठी केकरा द्वारा भेजल गइल बा ई अभी तक साफ नइखे हो पाइल। हालांकि एह ममिला में जिला पुलिस अभी चुप्पी साध रखले बा। एयरपोर्ट डायरेक्टर बंगजीत साहा कहलें कि एगो चिट्ठी प्राप्त भइल बा जेमे एयरपोर्ट के उड़ाने के धमकी लिखल गइल बा।

बता दीं, एयरपोर्ट के सुरक्षा सीआईएसएफ के जवानन द्वारा कइल जाला, हालांकि एह के चिट्ठी मिलला के बाद गया पुलिस आपन पैनी निगाह बना के रखलें बिया। ओहिजा पुलिस एकरा के गंभीरता से जांच कs रहल बिया आ पता लगावे के कोसिस कर रहल बिया, कि ई कवनो संगठन भा फेर कवनो शरारती तत्वन के हाथ तs नइखे। ओहिजा एह संबंध में गया एयरपोर्ट के डायरेक्टर बंगजीत साहा बतवलें कि गया एयरपोर्ट के संबंध में धमकी मिलल बा जवना के बाद एकर सूचना जिला पुलिस के अधिकारियन के दिहल गइल बा।

SSP कहलें- जांच के बाद कार्रवाई

ऊ बतवलें कि एयरपोर्ट के सुरक्षा सीआईएसफ के जिम्मा बा जवना के अलर्ट कइल गइल बा आ सुरक्षा व्यवस्था के पूरा तरे मुस्तैद कइल गइल बा। ओहिजा बाहर के क्षेत्र के सुरक्षा पुलिस टीम के द्वारा कइल जा रहल बा। हालांकि एह ममिला में जब एसएसपी से बात कइल गइल बा तs ऊ कहलें कि जांच चल रहल बा, जवन कुछ होई जांच कराके कार्रवाई कइल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.