Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Best Smartphone Under 15K: Nokia से लेके Realme तक, दमदार फीचर वाला ई स्मार्टफोन कम बजट में जीत सकत बाड़ी सs दिल

Best Smartphone Under 15K: एगो नया 5G स्मार्टफोन किने के तइयारी कs रहल बानी तs ई आर्टिकल रउआ काम के हो सकत बा। नोकिया से लेके रियलमी तक कइयन गो इलेक्ट्रॉनिक कंपनी कम बजट में बढ़िया स्मार्टफोन पेश कइले बाड़ी सs। Realme Narzo 60X 5G से लेके Nokia G42 5G के कम बजट में किनल जा सकत बा। Nokia G42 5G में 11GB तक रैम के ऑप्शन मिलत बा है।

2,320

Best Smartphone Under 15K: एगो नया 5G स्मार्टफोन किने के तइयारी कs रहल बानी तs ई आर्टिकल रउआ काम के हो सकत बा। नोकिया से लेके रियलमी तक कइयन गो इलेक्ट्रॉनिक कंपनी कम बजट में बढ़िया स्मार्टफोन पेश कइले बाड़ी सs।

एह आर्टिकल में पांच गो न्यूली लॉन्च्ड स्मार्टफोन के जानकारी दिहल जा रहल बा, जवना के अगस्त आ सितंबर में लॉन्च कइल गइल बा। जदि राउर बजट 15 हजार रुपिया तक बा तs रउआ एह स्मार्टफोनस के किन सकत बानी।

Nokia G42 5G (सुरुआती कीमत- 12,599)

नोकिया 11 सितंबर के भारतीय यूजर्स खातिर Nokia G42 5G के लॉन्च कइले बा। ई स्मार्टफोन दु गो कलर ऑप्शन में किन सकत बानी।

  • प्रोसेसर- Qualcomm Snapdragon 480+
  • रैम आ स्टोरेज- 11GB रैम (6GB RAM + 5GB वर्चुअल रैम), 128GB स्टोरेज
  • डिस्प्ले- 6.56 इंच HD+ डिस्प्ले
  • बैटरी-5000 mAh
  • कैमरा- 50MP + 2MP+2MP बैक 8MP फ्रंट

Realme Narzo 60X 5G (सुरुआती कीमत- 11,999)

रियलमी अपना ग्राहकन खातिर 6 सितंबर के Realme Narzo 60X 5G स्मार्टफोन लॉन्च कइले बा। एह स्मार्टफोन के Next-Gen Street Photography Mode के संगे ले आवल गइल बा।

  • प्रोसेसर- MediaTek Dimensity 6100+ Processor
  • रैम आ स्टोरेज- 4GB, 6GB रैम, 64GB, 128GB स्टोरेज
  • डिस्प्ले-6.72 इंच फुल एचडी+ IPS LCD
  • बैटरी-5000 mAh, 33W फास्ट चार्जिंग सपोर्ट
  • कैमरा- 50MP + 2MP बैक 8MP फ्रंट

Moto G14 (सुरुआती कीमत- 9,999)

मोटोरोला अपना भारतीय ग्राहकन खातिर कम बजट में Moto G14 स्मार्टफोन बीतल महीना अगस्त में लॉन्च कइले बा। कंपनी के ओर से एह डिवाइस के G 13 के सक्सेसर के रुप में लॉन्च कइल गइल बा।

  • प्रोसेसर- T616 Processor
  • रैम आ स्टोरेज- 4 GB रैम 128GB स्टोरेज
  • डिस्प्ले-6.5 इंच फुल एचडी+
  • बैटरी-5000 mAh
  • कैमरा- 50MP + 2MP बैक 8MP फ्रंट

OPPO A38 (सुरुआती कीमत- 12,999)

ओप्पो के ओर से भारतीय ग्राहकन खातिर Oppo A38 स्मार्टफोन 8 सितंबर के लॉन्च कइल गइल बा। ओप्पो के एह फोन को ग्लोइंग ब्लैक आ ग्लोइंग गोल्ड कलर ऑप्शन में किनल जा सकत बा।

  • प्रोसेसर- Helio G70 (MT6769) Processor
  • रैम आ स्टोरेज- 4 GB रैम 128GB स्टोरेज
  • डिस्प्ले-6.56 इंच एचडी
  • बैटरी-5000 mAh
  • कैमरा- 50MP + 2MP बैक 5MP फ्रंट

Poco M6 Pro 5G (सुरुआती कीमत- 10,999)

पोको भारतीय ग्राहकन खातिर 15 हजार से कम में Poco M6 Pro 5G बीतल महीना लॉन्च कइले बा। एह महीना कंपनी POCO M6 Pro 5G के 4GB+128GB स्टोरेज वेरिएंट के लॉन्च कइले बिया।

  • प्रोसेसर- Snapdragon 4 Gen 2 Processor
  • रैम आ स्टोरेज- 4GB, 6GB रैम, 64GB, 128GB स्टोरेज
  • डिस्प्ले-6.79 इंच फुल एचडी+
  • बैटरी-5000 mAh
  • कैमरा- 50MP + 2MP बैक 8MP फ्रंट
645030cookie-checkBest Smartphone Under 15K: Nokia से लेके Realme तक, दमदार फीचर वाला ई स्मार्टफोन कम बजट में जीत सकत बाड़ी सs दिल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.