Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Kanpur Violence: कानपुर में रुकत नइखे बवाल, कइयन गो इलाकन में फेर पथराव; पुलिस के बनावल जा रहल बा निशाना

राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद, पीएम नरेंद्र मोदी आ सीएम योगी आदित्यनाथ के मवजूदगी के बावजूद कानपुर में शुरू भइल बवाल रुके के नाम नइखे ले रहल। रह-रहके कयन इलाकन में दंगाई पथराव कs रहल बाड़े....

379
राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद, पीएम नरेंद्र मोदी आ सीएम योगी आदित्यनाथ के मवजूदगी के बावजूद कानपुर में शुरू भइल बवाल रुके के नाम नइखे लेत। रह-रहके कइयन गो इलाकन में दंगाई पथराव कर रहल बाड़े सs। तंग गलियन में नारेबाजी करत उपद्रवी पुलिस के निशाना बना रहल बाड़े सs। पथराव गलियन से रुक-रुकके हो रहल बा। पुलिस जेने जात बिया ओने पथराव रुक जाता। जेने से हटत बिया ओने से पथराव शुरू हो जात बा।

उपद्रवियन के हावी होखत देख पुलिस के तरफ से सख्ती शुरू हो गइल बा। पूरा साजो सामान के संगे गलियन में घुसके उपद्रवियन के खदेड़ल जा रहल बा। लाठीचार्ज कs के हालात के नियंत्रण में लेवे के कोसिस कइल जा रहल बा। पत्थरबाजन के धरपकड़ कइल जा रहल बा।

सीएम सख्ती के देले आदेश
सूत्रन के मोताबिक कानपुर में भइल बवाल के बीचे सीएम योगी आदित्यनाथ पुलिस अधिकारियन के जल्दी से हालत के काबू में करे के आदेश देले बाड़े। सीएम आदेश देले बाड़े कि दोषियन के कवनो हालत में बख्शल ना जाव।

 

बढ़ावल गइल सुरक्षा, हिरासत में दर्जनभर उपद्रवी
पुलिस कमिश्नर के मोताबिक बवाल में अब तक दु लोग जख्मी भइल बा। 15 उपद्रवियन के हिरासत में लिहल गइल बा। वीडियो फुटेज के आधार पs उपद्रवियन के धरपकड़ के अभियान छेड़ल गइल।  यतीमखाना चौराहा पs सन्नाटा पसर गइल बा। गलियन में भारी पुलिस बल मवजूद बा।

267200cookie-checkKanpur Violence: कानपुर में रुकत नइखे बवाल, कइयन गो इलाकन में फेर पथराव; पुलिस के बनावल जा रहल बा निशाना

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.