आरोग्य भारती शिविर में 250 रोगियों के मुफ्त में भइल इलाज 

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 28, 2023

देवरिया/ अखिलेश कुमार सिंह। आरोग्य भारती आ मातृ पितृ सेवा समिति के तत्वावधान में मिश्रौलिया ग्राम सभा में निशुल्क चिकित्सा शिविर आ निःशुल्क जाच शिविर आउर योग आ आयुर्वेद के शिविर आयोजित कइल गइल। शिविर

Share

देवरिया/ अखिलेश कुमार सिंह। आरोग्य भारती आ मातृ पितृ सेवा समिति के तत्वावधान में मिश्रौलिया ग्राम सभा में निशुल्क चिकित्सा शिविर आ निःशुल्क जाच शिविर आउर योग आ आयुर्वेद के शिविर आयोजित कइल गइल।

शिविर के मुख्य रूप से जिला अध्यक्ष भारतीय जनता पार्टी देवरिया श्रीमान भूपेंद्र सिंह कहलें कि आज समूचा दुनिया आयुर्वेदिक चिकित्सा पs विश्वास जता रहल बा आ लोग योग आउर आयुर्वेद के मुरीद हो रहल बा। आरोग्य भारती के प्रांतीय उपाध्यक्ष डॉ. अजीत नारायण मिश्र पूर्व जिला उपाध्यक्ष भाजपा देवरिया कहलस कि आज आरोग्य भारती के तत्वावधान में देवरिया के समस्त विकास खंड में भारतीय संस्कृति पs आधारित योग आ आयुर्वेद के शिविर आउर स्वस्थ्य जीवन शैली विषयक गोष्ठी के आयोजन कइल जा रहल बा।

भारतीय जनता पार्टी के नेता रजनीश उपाध्याय कहले कि आरोग्य प्रदान करे खातिर एह तरे के शिविरन के आयोजन स्वास्थ्य क्षेत्र में महत्वपूर्ण डेग बा। संगठन द्वारा एह तरे के कार्यक्रम करइल बहुते सराहनीय बा। एह शिविर में जादे से जादे संख्या में पेट आ नेत्र रोग के मरीज मिलल लो, जेकर जांच कs  के निःशुल्क दवा वितरित कइल गइल। शिविर में करीब 250 रोगियन के मुफ्त में इलाज कइल गइल। शिविर में सवेरा हॉस्पिटल देवरिया के सहजोग रहल।

शिविर के आयोजक श्रीमान विजय तिवारी सब आगंतुकन के प्रति आभार प्रकट कइलें। एह अवसर पs योग प्रशिक्षक पिंटू लाल यादव (योग वेलनेस सेंटर गडेर.) रोग के मोताबिक योगाभ्यास करवलें।

डॉ. प्रदीप कुमार यादव, फार्मासिस्ट अंगद प्रसाद राजकीय आयुर्वेदिक चिकित्सालय जगदीशपुर देवरिया डॉ. जमाल अहमद सिद्दीकी, डॉ. अल्पना राव, फार्मासिस्ट अलमीन अली, सविता, आराधना अजीत कुमार तिवारी, छथू राजभर, अमित कुमार मिश्र आदि उपस्थित रहे लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.