Flipkart पs सुरू भइल नया सेल, AC-कूलर से लेके स्मार्टफोन्स ले में मिल रहल बा बंपर डिस्काउंट

By Anurag Ranjan

Published on: May 12, 2024

    अगर रउरा ऑनलाइन खरीदारी के शौकीन बानी तs रउरा खातिर एगो बढ़िया खबर बा. ई-कॉमर्स वेबसाइट फ्लिपकार्ट अपना ग्राहकन खातिर एगो नया बिक्री ले आइल बिया. फ्लिपकार्ट के बिग बचट डेज सेल में

Share

 

 

अगर रउरा ऑनलाइन खरीदारी के शौकीन बानी तs रउरा खातिर एगो बढ़िया खबर बा. ई-कॉमर्स वेबसाइट फ्लिपकार्ट अपना ग्राहकन खातिर एगो नया बिक्री ले आइल बिया. फ्लिपकार्ट के बिग बचट डेज सेल में ग्राहक स्मार्टफोन से लेके एसी, कूलर, स्मार्टफोन के संगे कपड़ा, जूता अवुरी घरेलू उपकरण सस्ता दाम पs खरीद सकतारे।

अगर आप तपल गर्मी से बचे के चाहतानी अवुरी एकरा खातीर नाया एयर कंडीशनर खरीदे के योजना बनावत बानी तs फ्लिपकार्ट अपना ग्राहक के बम्पर छूट के संगे सस्ता दाम पs एयर कंडीशनर दे रहल बा। अगर रउरा फ्लिपकार्ट सेल ऑफर में खरीदे के योजना बनावत बानी तs हमनी के बता दीं कि नया बिग बचट डेज सेल 11 मई से शुरू हो गइल बा आ रउरा 17 मई ले डिस्काउंट ऑफर के लाभ उठा सकीलें.

एसी पs बम्पर डिस्काउंट 

फ्लिपकार्ट के बिग बचट डेज सेल 2024 में एयर कंडीशनर पs बड़ छूट के ऑफर उपलब्ध बा। सेल ऑफर में आप 50% ले के डिस्काउंट ऑफर पs एसी खरीद सकतानी। फ्लिपकार्ट वोल्टास, एलजी, ब्लू स्टार, डाइकिन, सैमसंग जईसन टॉप ब्रांड के एयर कंडीशनर पs भारी छूट दे रहल बा। फ्लैट डिस्काउंट के संगे ग्राहक के एसी पs एक्सचेंज ऑफर भी मिली।

स्मार्ट वॉच पs बड़ छूट

अगर आप अपना खातिर नाया स्मार्टवॉच खरीदल चाहतानी तs इs आपके खातीर एगो निमन मौका बा। फ्लिपकार्ट के बिक्री में ग्राहक के स्मार्टवॉच पs 50% से 80% ले के बम्पर डिस्काउंट दिहल जा रहल बा।एs समय आप सस्ता दाम पs टॉप ब्रांड के स्मार्टवॉच खरीद सकतानी।

स्मार्टफोन पर भारी छूट के ऑफर 

फ्लिपकार्ट बिग बचट डेज पs स्मार्टफोन पs भारी छूट दे रहल बा। अगर रउआ अपना खातिर नया फोन खरीदल चाहत बानी तs इs सबसे सही समय बा। बिग बचट डेज सेल पs ग्राहक के मोटोरोला, सैमसंग, रेडमी, गूगल पिक्सेल, रियलमी के फ्लैगशिप स्मार्टफोन पs भारी छूट मिलता। अगर रउआ बजट सेगमेंट में Realme, Poco, Infinix से फोन खरीदल चाहत बानी तs हमनी के बता दीं कि एह सेगमेंट में भी बढ़िया सौदा दिहल जा रहल बा।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.