पश्चिम बंगाल: कोलकाता में एगो होटल में आग लगले से 15 लोग के मउत

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 30, 2025

पश्चिम बंगाल के मध्य कोलकाता के फलपट्टी मछुआ के लगे काल्हु रात एगो होटल में लागल आग में नाहियो तs 15 लोग के मउत हो गइल. पुलिस के कहल बा कि 14 गो शव बरामद

Share

पश्चिम बंगाल

पश्चिम बंगाल के मध्य कोलकाता के फलपट्टी मछुआ के लगे काल्हु रात एगो होटल में लागल आग में नाहियो तs 15 लोग के मउत हो गइल. पुलिस के कहल बा कि 14 गो शव बरामद हो चुकल बा आ कई लोग के बचा लिहल गइल बा. ई आगलागी के घटना काल्हु रात करीब 8.15 बजे भइल. आग लागे के कारण के बारे में अबे तक पता नईखे चलल।

   कोलकाता के पुलिस आयुक्त मनोज कुमार वर्मा बतवले कि “घटना के जांच खातीर विशेष टीम भी बनावल गईल बा.” एकरा से पहिले केंद्रीय मंत्री अवुरी पश्चिम बंगाल के भारतीय जनता पार्टी के अध्यक्ष सुकांत मजुमदार राज्य प्रशासन से निहोरा कईले कि, उs लोग प्रभावित लोग के तुरंत बचाव के काम करे। संगही, उs अयीसन दुखद घटना के रोके खातीर अग्नि सुरक्षा के उपाय पs कड़ा निगरानी करे के आह्वान कईले।

फायर ब्रिगेड के 10 गाड़ी आग पs काबू पा लेले


जानकारी मिलते फायर ब्रिगेड के 10 गाड़ी मौका पs पहुंच के आग पs काबू पा लेले। हालांकि भीड़ वाला इलाका होखला के चलते फायर ब्रिगेड के गाड़ी के उहाँ पहुंचे में दिक्कत भईल अवुरी कर्मचारी के भी समस्या के सामना करे के पड़ल। बता दीं कि बुर्राबाजार पूर्वी भारत के सबसे बड़ थोक बाजार हs। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: नइखी कs पावत हैवी वर्कआउट, तs रोजाना करीं वॉक, सेहत के मिली चौतरफा फायदा

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.