हिट फिलिम देले के बाद गुमनामी में बीतल फराज खान के जिंदगी के आखिरी समय

By Anurag Ranjan

Published on: May 27, 2024

  90 के दशक में हिट फिलिम देवे वाला फराज खान के निधन 4 नवंबर 2020 के 46 साल के उमिर में हो गईल। 1996 में रिलीज भइल विक्रम भट्ट के फिलिम ‘फरेब’ से बॉलीवुड

Share

 

90 के दशक में हिट फिलिम देवे वाला फराज खान के निधन 4 नवंबर 2020 के 46 साल के उमिर में हो गईल। 1996 में रिलीज भइल विक्रम भट्ट के फिलिम ‘फरेब’ से बॉलीवुड में डेब्यू करे वाला फराज खान के लोकप्रियता रानी मुखर्जी अभिनीत फिलिम ‘मेहंदी’ से मिलल. फराज एह इंडस्ट्री के बेहतरीन कलाकारन में से एक अभिनेता यूसुफ खान के बेटा रहले. 1990-2000 के बीच बॉलीवुड के कई गो फिलिमन में काम कइलें।  आज 27 मई के बर्थ एनिवर्सरी हs।

एकरा चलते गुमनामी में बितले अंतिम पल

बहुत दिन से बेमार फराज खान बेंगलुरु के एगो अस्पताल में आपन आखिरी सांस लेहले। उs निमोनिया अवुरी ब्रेन इंफेक्शन से पीड़ित रहले, जवना के बाद उs फिलिम से दूर रहले। फराज के आर्थिक कमी के चलते इलाज में समस्या के सामना करे के पड़त रहे, जवना के बाद उनुकर परिवार के लोग फंड जुटावे के वेबसाइट पs मदद मंगले। बेमारी के चलते उनुका काम कईल बहुत मुश्किल हो गईल।

हिट होले के बाद 12 साल ले काम ना कईले

फराज खान ‘पृथ्वी’, ‘लव स्टोरी’, ‘दुल्हन बनूं मैं तेरी’,’दिल ने फिर याद किया’,’बाजार’ आ ‘चांद बुझ गया’ जइसन कई गो फिलिमन में जबरदस्त काम कइले रहलें, जवना खातिर उनुका खूब तारीफ भइल रहे। बॉलीवुड फिलिमन के अलावे ई अभिनेता कुछ टीवी शो में भी काम कइले बाड़न. फराज ‘अचानक 37 साल बाद’ आ ‘लिपस्टिक’ जइसन शो में नजर अइले. बता दीं कि आखिरी बेर साल 2008 के शो ‘नीली आंखें’ में उनुका के देखल गइल रहे जवना के बाद बेमारी के चलते ऊ बारह साल ले मनोरंजन जगत से दूर रहलन.

बीमारी के चलते छीन लिहल गईल ब्लॉकबस्टर फिलिम

एक समय रहे जब सब लईकी फराज खान के लुक के ओर आकर्षित हो गईली। अभिनेता हर रोल के अतना बढ़िया से निभावत रहले कि लोग उनुका के परदा पs देखत रहले. बता दीं कि ब्लॉकबस्टर फिल्म ‘मैने प्यार किया’ में फराज खान के मुख्य भूमिका में चुने के रहे बाकिर एकर शूटिंग के दौरान फराज बेमार पड़ गइलन आ उनुका खातिर काम कइल मुश्किल हो गइल. बाद में एह फिलिम में सलमान खान के कास्ट कइल गइल.

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.