फेस ऑफ फ्यूचर इंडिया शराब के खिलाफ जागरुकता अभियान में सामिल महिला लोगन के सम्मानित कइलस 

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 27, 2022

सारण: शराब के विरुद्ध चलावल जा रहल जागरूकता अभियान में सामिल महिला लोगन के फेस ऑफ फ्यूचर इंडिया (FACE OF FUTURE INDIA) के तत्वावधान में पुलिस सार्जेंट प्रभा कुमारी, नगर थानाध्यक्ष रतनेश कुमार वर्मा, संस्था

Share

सारण: शराब के विरुद्ध चलावल जा रहल जागरूकता अभियान में सामिल महिला लोगन के फेस ऑफ फ्यूचर इंडिया (FACE OF FUTURE INDIA) के तत्वावधान में पुलिस सार्जेंट प्रभा कुमारी, नगर थानाध्यक्ष रतनेश कुमार वर्मा, संस्था अध्यक्ष मन्टु कुमार यादव, राज्य संयोजक दीपक कुमार पांडे आ एफ एफ आई लाडली विंग के संयोजिका रचना पर्वत द्वारा कंबल देके सम्मानित कइल गइल।

का हs फेस ऑफ फ्यूचर इंडिया?

फेस ऑफ फ्यूचर इंडिया एगो राष्ट्रीय स्तर के संस्था हs जवन देस के नवहा लोगन के संगे डेग से डेग मिलाके समाज के उत्थान खातिर प्रयासरत बिया। संस्था द्वारा देस भर के लगभग 1100 लईकन के मुफ्त शिक्षा उपलब्ध करावल जा रहल बा। संस्था द्वारा रक्तदान शिवर, ठंडी में कंबल आ गरम कपड़ा के वितरण, सामाजिक स्तर पs लोगन के हरसंभव मदद कइल जाला।

संस्था के राज्य संजोजक दीपक कुमार पांडे बतवलें कि संस्था के उद्देश्य समाज में मदद के भावना के संगे एक दोसरा के सहजोग से लोगन के जिनगी सवारे खातिर लगातार कोसिस कइल बा। एकरा संगही संस्था समय-समय पs समाज के बेहतरी खातिर प्रयास कर रहल लोगन के सम्मानित करेले जवना से एह तरह के लोगन उत्साह बढ़ावल जा सके।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.