FIFA World Cup England vs Senegal: इंग्लैंड टीम के सेनेगल पर तूफानी जीत, अब क्वार्टरफाइनल में फ्रांस से होई टक्कर

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 5, 2022

FIFA World Cup England vs Senegal: कतर के मेजबानी में खेलल जा रहल फीफा वर्ल्ड कप 2022 सीजन में अतवार के देर रात प्री-क्वार्टर फाइनल के चौथा मैच खेलल गइल। एह मैच में इंग्लैंड टीम

Share

FIFA World Cup England vs Senegal: कतर के मेजबानी में खेलल जा रहल फीफा वर्ल्ड कप 2022 सीजन में अतवार के देर रात प्री-क्वार्टर फाइनल के चौथा मैच खेलल गइल। एह मैच में इंग्लैंड टीम सानदार खेल दिखवलस आ सेनेगल के 3-0 से करारा शिकस्त देलस। एही के संगे इंग्लैंड क्वार्टर फाइनल खातिर क्वालिफाई कर लेलस, जहां ओकर टक्कर डिफेंडिंग चैंपियन फ्रांस से होई।

इस मैच के हीरो इंग्लैंड टीम के कप्तान हैरी केन, जॉर्डन हेंडरसन, बुकायो साका रहल लोग, जे 1-1 सानदार गोल दागके अपना टीम इंग्लैंड के सुपर-8 में पहुंचावल। इंग्लिश टीम वर्ल्ड कप के इतिहास में 10वां बेर क्वार्टर फाइनल में पहुंचल बिया। इंग्लैंड पिछलो बेर सुपर-8 में पहुंचल रहे। जबकि सेनेगल खाली एक बेर 2002 में क्वार्टर फाइनल में पहुंचल रहे।

मैच में एह तरे गोल भइल

पहिला गोल: 38 वां मिनट में जूड बेलिंघम के पास पर जॉर्डन हेंडरसन गोल दगलें।

दूसरका गोल: 45+3 वां मिनट में हैरी केन फिल फोडेन के पास पs गोल कइलें।

तीसरका गोल: 57 वां मिनट में बुकायो साका फिल फोडेन के पास पर गोल दगलें।

इंग्लैंड खातिर फोडेन लगातार दु गोल असिस्ट कइलें 

एह मैच में इंग्लैंड टीम सुरुआते से सेनेगल पर अपना दबदबा बनवले रखले रहे। सुरुआती 20 मिनट के खेल में गोल करे खातिर इंग्लैंड एक बेर आ सेनेगल दु बेर कोसिस कइले रहे। बाकिर मैच के पहिला गोल 38वां मिनट में आइल। ई गोल जॉर्डन हेंडरसन दगलें, जवना के जूड बेलिंघम असिस्ट कइलें। एकरा बाद पहिला हाफ खत्म होखे से ठीक पहिले माने 45+3वां मिनट में इंग्लिश कप्तान हैरी केन दूसरका गोल दगलें। गोल फिल फोडेन असिस्ट कइलें।

मैच के दूसरको हाफ में इंग्लैंड टीम आपन दबदबा आ आक्रामक खेल कायम रखलस। टीम 57वां मिनट में आपन तीसरको गोल दाग देलस। ई गोल स्टार प्लेयर बुकायो साका कइलें। लगातार दूसरा गोल फिल फोडेन असिस्ट कइलें। एह तरे इंग्लैंड टीम 3-0 से मैच जीत लेलस। जबकि सेनेगल टीम पूरा मैच में गोल ना दाग सकल।

इंग्लैंड आ सेनेगल के स्टार्टिंग-11

इंग्लैंड टीम: हैरी केन (कप्तान), जॉर्डन पिकफोर्ड (गोलकीपर), ल्यूक शॉ, जॉन स्टोन्स, काइल वॉकर, हैरी मैग्वायर, डेक्लन राइस, जूड बेलिंघम, जॉर्डन हेंडरसन, बुकायो साका आ फिल फोडेन।

सेनेगल टीम: कालिदौ कुलीबली (कप्तान), एडुआर्ड मेंडी (गोलकीपर), अब्दौ डायलो, यूसुफ सबली, इस्माइल जैकब्स, नम्पालिस मेंडी, पाथे सिस, इलिमान नदिये, क्रेपिन डियाटा, इस्माइला सार्र आ बूलाए डिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.