England Playing 11: दूसरका टेस्ट खातिर इंग्लैंड कइलस प्लेइंग-11 के एलान, James Anderson के भइल वापसी तs Shoaib Bashir करिहें डेब्यू

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 1, 2024

Ind vs Eng 2nd Test : इंग्लैंड भारत संगे खेलल जा रहलऽ पांच मैचन के टेस्ट सीरीज के आगाज जीत के संगे कइलस। हैदराबाद टेस्ट में इंग्लिश टीम भारत के 28 रन से हरा के

Share

Ind vs Eng 2nd Test : इंग्लैंड भारत संगे खेलल जा रहलऽ पांच मैचन के टेस्ट सीरीज के आगाज जीत के संगे कइलस। हैदराबाद टेस्ट में इंग्लिश टीम भारत के 28 रन से हरा के जीत हासिल कइसल। अब दुनु टीम दु फरवरी से दूसरा टेस्ट मैच विशाखापट्टनम में खेली। जवना से एक दिन पहिले इंग्लैंड आपन प्लेइंग-11 के एलान कऽ देलस।

दूसरका टेस्ट खातिर इंग्लैंड के प्लेइंग-11 में दुगो बदलाव भइल बा। अनुभवी तेज गेंदबाज जेम्स एंडरसन के वापसी भइल बा, ओहिजा जुवा स्पिनर शोएब बशीर के डेब्यू करे के मउका मिली। शोएब के भारत के वीजा मिले में देरी के कारण पहिलका टेस्ट से बाहर होखे के पड़ल रहे।

बता दीं कि भारतीय टीम (IND vs ENG) के खिलाफ दूसरका टेस्ट मैच से पहिले इंग्लैंड टीम आपन प्लेइंग-11 के एलान कs देले बा। विशाखापट्टनम में 2 फरवरी से 6 फरवरी के बीच दूसरका टेस्ट मैच खेलल जाई, जवना से एक दिन पहिलही इंग्लिश टीम आपन प्लेइंग-11 के एलान कऽ देलस।

दूसरका टेस्ट से पहिले इंग्लैंड प्लेइंग-11 में दुगो बदलाव कइलस जवना में शोएब बशीर के जैक लीच (जे अपना ठेहुना के चोट के चलते बाहर हो गइल बाड़े ) के जगह मवका मिलल बा,ओहिजा मार्क वुड के जगे जेम्स एंडरसन के वापसी भइल बा।

इंग्लैंड के प्लेइंग-11

जैक क्रॉली, बेन डकेट, ओली पोप, जो रूट, जॉनी बेयरस्टो, बेन स्टोक्स (कप्तान), बेन फोक्स, रिहान अहमद, टॉम हार्टली, शोएब बशीर आ जेम्स एंडरसन।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.