जम्मू-कश्मीर: उधमपुर में सुरक्षाबलन आ आतंकियन के बीच मुठभेड़, 10 से 15 राउंड फायरिंग

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 11, 2024

जिला उधमपुर के डुडु बसंतगढ़ में लगातार जारी सर्च ऑपरेशन के दौरान सुरक्षा बलन के अपना लगे आवत देख बुध के रात तकरीबन आठ बजे संग चेक पोस्ट के लगे आतंकी सुरक्षा बलन पs फायरिंग

Share

जिला उधमपुर के डुडु बसंतगढ़ में लगातार जारी सर्च ऑपरेशन के दौरान सुरक्षा बलन के अपना लगे आवत देख बुध के रात तकरीबन आठ बजे संग चेक पोस्ट के लगे आतंकी सुरक्षा बलन पs फायरिंग कs देले सs।

जवाबी कार्रवाई में सुरक्षा बलन के ओर से डटके जवाब दिहल गइल, बाकिर 10-15 राउंड फायर कइला के बाद आतंकी मवका से फरार हो गइलें सs। जंगलन के आन्हार के वजह से एनकाउंटर के रोके के पड़ल। सुरक्षा बल के सदस्य सर्च ऑपरेशन में लागल बा लो।

ताजा जानकारी के हिसाब से कवनो तरे के जान आ माल के नुकसान नइखे भइल। सर्च ऑपरेशन के जारी रखत एनकाउंटर के रोक दिहल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.