DDU में एगो आदेस के चलते कर्मचारियन में रोष : VC के रुकला तक सब कर्मचारी कार्यस्थल पs रही लो, कर्मचारी संगठनन के विरोध के तइयारी

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 17, 2024

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में एह दिनन एगो आदेस के चलते कर्मचारियन में बहुते रोष बा। कर्मचारी संगठनन में एकरा के लेके विरोध के तइयारी बा। 14 मार्च के विश्वविद्यालय प्रशासन के ओर से जारी

Share

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में एह दिनन एगो आदेस के चलते कर्मचारियन में बहुते रोष बा। कर्मचारी संगठनन में एकरा के लेके विरोध के तइयारी बा। 14 मार्च के विश्वविद्यालय प्रशासन के ओर से जारी आदेस के मोताबिक अपना कार्यालय में कुलपति के रुके तक प्रशासनिक भवन के सब कर्मचारी AD बिल्डिंग में मवजूद रही लो। VC के गइला के बादे कर्मचारी कार्यस्थल छोड़ सकी लो।

दरअसल, प्रशासनिक भवन में कर्मचारियन के निर्धारित ड्यूटी के टाइमिंग सबेरे 10 से सांझ पांच बजे ले बा। कुलपति प्रो. पूनम टंडन सबेरे 10 बजे से पहिलही आ जाली आ काम खतम करे खातिर कइयन बेर देर सांझ सात से आठ बजे तक रहेला। अइसन में जब उनका पांच बजे के बाद कवनो विभाग से कवनो जानकारी लेवे के पड़ेला तs कर्मचारी ना मिलेला, एही वजह से सब कर्मचारियन के रुके के आदेश जारी कइल गइल बा।

DDU में बढ़ल होली के छुट्टी

गोरखपुर विश्विद्यालय के शिक्षकन-कर्मचारियन के होली के छु‌ट्टी के लेके राहत मिलल बा। विश्वविद्यालय प्रशासन होली पs 25 से 27 तक तीन दिन के छुट्टी कइले बा। विश्वविद्यालय के कैलेंडर में होली के मात्र एक दिन के छुट्टी दर्ज बा बाकिर छात्रन, अध्यापकन आ कर्मचारियन के ओर से उठल मांग के बाद विश्वविद्यालय एकरा के तीन दिन करे के निर्णय लिहल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.