New Twitter CEO: लिंडा याकरिनो होइहें ट्विटर के नया सीईओ, मस्क कइलें एलान, छव हफ्ता में संभरिहें काम

By Anurag Ranjan

Published on: May 13, 2023

अब सोशल मीडिया मंच ट्विटर के मुख्य कार्यकारी अधिकारी (CEO) लिंडा याकरिनो होइहें। एलन मस्क सुक के एकर एलान कइलें। बता दीं कि लिंडा वर्तमान में एनबीसी यूनिवर्सल में विज्ञापन विभाग के प्रमुख बाड़ी। ऊ

Share

अब सोशल मीडिया मंच ट्विटर के मुख्य कार्यकारी अधिकारी (CEO) लिंडा याकरिनो होइहें। एलन मस्क सुक के एकर एलान कइलें। बता दीं कि लिंडा वर्तमान में एनबीसी यूनिवर्सल में विज्ञापन विभाग के प्रमुख बाड़ी। ऊ छव हफ्ता में कंपनी ट्विटर जॉइन कs लिहे।

ट्विटर के मालिक मस्क ट्वीट कइलें, हम ट्विटर के नया सीईओ के तौर पs लिंडा याकरिनो के स्वागत करत उत्साहित बानी। ऊ कहलें कि याकरिनो मुख्य रूप से बेवसायिक संचालन पs धेयान केंद्रित करीं, जबकि हम उत्पाद डिजाइन आ नया तकनीक पs धेयान केंद्रित करेम। टेस्ला प्रमुख एगो ट्वीट में कहलें कि उनकर भूमिका ट्विटर के कार्यकारी चेयरमैन आ मुख्य प्रौद्योगिकी अधिकारी के रूप में बनल रही। एलन मस्क लगभग छव महीना से कहत रहस कि ऊ ट्विटर खातिर एगो नया सीईओ तलाश रहल बाड़ें।

विज्ञापन उद्योग के निमन जानकारी

लिंडा याकरिनो विज्ञापन राजस्व बढ़ावे में माहिर बाड़ी। ऊ 2011 से एनबीसी यूनिवर्सल मीडिया के संगे जुड़ल बाड़ी। फिलहाल, वैश्विक स्तर पs कंपनी के विज्ञापन ममिलन के अध्यक्ष बाड़ी। एकरा पहिले कंपनी के केबल मनोरंजन आ डिजिटल विज्ञापन बिक्री विभाग के नेतृत्व कर चुकल बाड़ी। लिंडा याकरिनो के लगे विज्ञापन आ डिजिटल मार्केटिंग में 19 साल के लमहर अनुभव बा।

विज्ञापन राजस्व के बढ़ावल सबसे बड़ चुनौती

पिछिला साल मस्क द्वारा ट्विटर के 44 अरब डॉलर में किनला के बाद ऊ दावा कइलें कि एकर कीमत आधी 22 अरब डॉलर से कम रह गइल बा। एही कारण वेरिफाइड अकाउंट सब्सक्रिप्शन सेवा तक सुरू कइल गइल, बाकिर राजस्व ना बढ़ल। मस्क खातिर फिलहाल सबसे जरूरी विज्ञापन राजस्व के बढ़ावल बा, ताकि कंपनी के मुनाफा में ले आवल जा सके। लिंडा के पढ़ाई के बात कइल जाव तs ऊ पेन स्टेट यूनिवर्सिटी के छात्रा रहल बाड़ी, जे दूरसंचार के अध्ययन कइले बाड़ी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.