एलन मस्क के एलान, ट्विटर पर ‘ब्लू टिक’ खातिर चुकावे के होई हर महीना आठ डॉलर, विरोध शुरू

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 2, 2022

टेस्ला के सीईओ एलन मस्क द्वारा ट्विटर के खरीदले के के बाद कई तरह के बदलाव देखे के मिल रहल बा। सबसे बड़ बदलाव ‘ब्लू टिक’ सब्सक्रिप्शन खातिर भुगतान के शामिल करे के बा।माइक्रोब्लॉगिंग प्लेटफॉर्म

Share

टेस्ला के सीईओ एलन मस्क द्वारा ट्विटर के खरीदले के के बाद कई तरह के बदलाव देखे के मिल रहल बा। सबसे बड़ बदलाव ‘ब्लू टिक’ सब्सक्रिप्शन खातिर भुगतान के शामिल करे के बा।माइक्रोब्लॉगिंग प्लेटफॉर्म ट्विटर के नयका मालिक एलन मस्क ट्विटर पर ‘ब्लू टिक’ खातिर कीमत के घोषणा कर दीहलें बानें। एलन मस्क के घोषणा के मुताबिक, ट्विटर पर ‘ब्लू टिक’ के कीमत आठ डॉलर (करीब 660 रुपये) प्रति महीना होई।

एलन मस्क मंगर के “ट्विटर ब्लू” के एगो नयका संस्करण के घोषणा कइलें, जेमें उ ट्विटर पोस्ट पर रिप्लाई कइले, उल्लेख कइले अउर सर्च कइलें में प्राथमिकता के साथ ट्विटर के सदस्यता सेवा खातिर हर महीने आठ डॉलर के शुल्क लेहले के योजना बनवलें बानें।

 

बता देईं कि जइसही एलन मस्क पेड ब्लू टि के इशारा कइलें, सोशल मीडिया पर जमकर एकर विरोध शुरू हो गइल। हालही में एगो लेखक Stephen King पेड ब्लू टिक के ले के गाली तक दे देहले रहनें। जेकरे बाद एलन मस्क लेखक के ट्वीट के रिप्लाई देत लिखले रहनें कि आठ डॉलर के बारे में का ख्याल बा?

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.