आज पटना पहुंची चुनाव आयोग के टीम : अधिकारियन आ राजनीतिक दलन के संगे मीटिंग करिहें मुख्य निर्वाचन आयुक्त

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 19, 2024

लोकसभा चुनाव के लेके चुनाव आयोग के तुफानी दौरा सुरू हो गइल बा। आयोग के टीम तीन दिन खातिर बिहार पहुंच रहल बिया। टीम सांझ के साढ़े छव बजे पटना पहुंच रहल बिया। आयोग तीन

Share

लोकसभा चुनाव के लेके चुनाव आयोग के तुफानी दौरा सुरू हो गइल बा। आयोग के टीम तीन दिन खातिर बिहार पहुंच रहल बिया। टीम सांझ के साढ़े छव बजे पटना पहुंच रहल बिया। आयोग तीन दिन में अधिकारियन के संगे सुरक्षा आ चुनावी तइयारी पs बैठक करी। ओहिजा मान्यता प्राप्त राजनीतिक दलन के संगे टीम उनका विचारन से अवगत होई। आयोग के टीम 21 फरवरी के सांझ दिल्ली लवट जाई।

मुख्य निर्वाचन आयुक्त राजीव कुमार कs रहल बाड़ें टीम के नेतृत्व
मुख्य निर्वाचन आयुक्त राजीव कुमार कs रहल बाड़ें टीम के नेतृत्व

टीम में के-के होई 

निर्वाचन आयोग के टीम के नेतृत्व मुख्य निर्वाचन आयुक्त राजीव कुमार कs रहल बाड़ें। उनका संगे निर्वाचन आयुक्त अनुप चंद्र पांडेय आ अरूण गोयल संगे बाड़ें। पटना के मुख्य निर्वाचन पदाधिकारी एच आर श्रीनिवास, टीम के बिहार के जानकारी दिहें।

आयोग के टीम पटना पहुंचतही बैठक पs बैठक करी। मुख्य निर्वाचन आयुक्त राजीव कुमार आज सांझ सबसे पहिले बिहार के मुख्य निर्वाचन पदाधिकारी के संगे बैठक करी। पटना पहुंचला के बाद सांझ के सात बजकर 30 मिनट पs बिहार के CEO एच आर श्रीनिवास के संगे बैठक करिहें। एह बैठक में बिहार के निर्वाचन से जुड़ल नोडल अफसर मवजूद होंइहें। मुख्य चुनाव आयुक्त सुरक्षा के लेके CRPF अधिकारियन से मीटिंग करिहें।

पटना के मुख्य निर्वाचन पदाधिकारी एच आर श्रीनिवास टीम के दिहें जानकारी
पटना के मुख्य निर्वाचन पदाधिकारी एच आर श्रीनिवास टीम के दिहें जानकारी

20 फरवरी के राजनीतिक दलन के संगे बैठक

मुख्य चुनाव आयुक्त राजीव कुमार दौरा के दूसरका दिन मंगर 20 फरवरी के बिहार के मान्यता प्राप्त दलन के प्रतिनिधियन के संगे बैठक कs के उनका विचारन से अवगत होई। उनका सुझावन के सुनिहें। उनका समस्यन के समझिहें। मुख्य चुनाव आयुक्त राजीव कुमार आयोग के निर्णयन के बतइहें। ई बैठक सबेरे 9 बजके 30 मिनट पs बोलावल गइल बा, जेमे भाजपा, जदयू, राजद, कांग्रेस जइसन पार्टी सामिल होइहें सs।

राजनीतिक दलन के प्रतिनिधियन से बैठक के बाद बिहार के सब DM आ कमीशनर के संगे बैठक करिहें। एह बैठक में सब SP आ SSP के अलावे आउर पुलिस अधिकारी सामिल होई लो, जिलन में सुरक्षा बलन के जरुरत के सुनल जाई।

बिहार DGP के संगे मीटिंग करिहें मुख्य चुनाव आयुक्त राजीव कुमार

21 फरवरी के बिहार DGP के संगे बैठक

मुख्य चुनाव आयुक्त राजीव कुमार बिहार दौरा के अंतिम दिन बिहार DGP आ मुख्य सचिव के संगे मीटिंग करिहें। बिहार DGP आर एस भट्टी के बैठक में सुरक्षा आदि पs बात होई। बिहार के 40 सीटन पs सुरक्षा बल तैनाती पs निर्णय लिहल जाई। मुख्य निर्वाचन आयुक्त राजीव कुमार मीडिया से सांझ छव बजे बात कs के दिल्ली खातिर रवाना हो जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.