Bihar Board 12th Exam: बिहार बोर्ड इंटर के परीक्षा आज से भइल सुरू, पहिलका शिफ्ट में भइल जीव विज्ञान आ फिलोसफी के पेपर 

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 1, 2024

बिहार बोर्ड इंटरमीडिएट के परीक्षा आज से सुरू हो गइल बा। एग्जाम के पहिला दिने बियफे के पहिला पारी में बायो आ फिलॉसफी विषय के परीक्षा संपन करावल गइल। ई एग्जाम सबेरे 9:30 बजे सुरू

Share

बिहार बोर्ड इंटरमीडिएट के परीक्षा आज से सुरू हो गइल बा। एग्जाम के पहिला दिने बियफे के पहिला पारी में बायो आ फिलॉसफी विषय के परीक्षा संपन करावल गइल। ई एग्जाम सबेरे 9:30 बजे सुरू भइल, जवन 12: 30 बजे समाप्त हो गइल। फर्स्ट शिफ्ट के एग्जाम में कइयन जगहन पs परीक्षार्थियन के एग्जाम सेंटर पs देरी से पहुंचला के खबर सामने आइल बा। एकरा संगही अब जल्दिये मालूम हो सकेला कि परीक्षा के स्तर कइसन रहे ।

बता दी कि परीक्षा के दूसरका दिन 12वीं कक्षा खातिर 02 फरवरी, 2024 के गणित आ दूसरका पाली में पॉलिटिकल साइंस/ फाउंडेशन कोर्स के परीक्षा होई।

बिहार बोर्ड 12वीं के परीक्षा में 13 लाख 4 हजार 352 परीक्षार्थी शामिल होइहें। एमे 677921 छात्र आ 6,26,431 छात्रा लो सामिल बा। सब विषयन में प्रशनपत्र 10 सेट कोड में उपलब्ध होई। परीक्षा खातिर राज्य के 38 जिलन में 1523 केंद्र बनावल गइल बा।

बिहार बोर्ड 10वीं के परीक्षा 15 फरवरी, 2024 से सुरू होई। एमें पहिला दिन मातृभाषा के परीक्षा होई। ओहिजा दूसरको पाली में मातृभाषा के परीक्षा होई। एकरा बाद अगिला दिने माने कि 16 फरवरी, 2024 को मैथ्स के परीक्षा आयोजित कइल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.