Earthquake in khandwa: खंडवा में महसूस भइल भूकंप के झटका, 3.6 रिएक्टर तीव्रता आंकल गइल; 10 किमी दूर रहल केंद्र

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 21, 2024

मध्य प्रदेश के खंडवा जिला में भूकंप के झटका महसूस कइल गइल बा। भूकंप के केंद्र खंडवा से दस किलोमीटर रह बा। एसे कवनो तरे के नुकसान के जानकारी सामने नइखे आइल। हालांकि, भूकंप के

Share

पाकिस्तान में भूकंप के झटका: फोटो

मध्य प्रदेश के खंडवा जिला में भूकंप के झटका महसूस कइल गइल बा। भूकंप के केंद्र खंडवा से दस किलोमीटर रह बा। एसे कवनो तरे के नुकसान के जानकारी सामने नइखे आइल। हालांकि, भूकंप के झटकन से डेरा के लोग घरन से बाहर निकल आइल रहे।

जानकारी के मोताबिक खंड़वा में सुक के सबेरे नव बजे के लमसम भूगर्भीय हलचल महसूस कइल गइल। कुछ जगह लोगन के विस्फोट जइसन आवाज सुनाई देलस तs कुछ इलाकन में भूकंप के झटका महसूस कइल गइल। हालांकि, भूकंप के केंद्र खंडवा से 10 किलोमीटर दूर रहल।

भूकंप के झटका के आनंद नगर, हाउसिंग बोर्ड कॉलोनी, माता चौक, एलआईजी, सिंघाड़ तलाई, कीर्ति नगर, गुलमोहर कॉलीनी, नवकार नगर सहित आउर कॉलोनियन में रहे वाला लोग एकर पुष्टि कइले बा।

एडीएम काशीराम बडोले बतवलें कि भूकंप के असर जिला भर में महसूस कइल गइल बा। हालांकि, लोगन के खाली कंपन के अहसास भा, एसे कवनो तरे के नुकसान के सूचना नइखे। स्थानीय मौसम विभाग भूकंप के तीव्रता 3.6 रिएक्टर अंकले बा।

बैतूल में आइल रहे भूकंप

एकरा पहिले 11 जून के प्रदेश के बैतूल जिला में भूकंप आइल रहे। ताप्ती नदी के किनारे कंपन महसूस कइल गइल रहे। कुछ घरन के देवालन में दरार आवे तक के बात सामने आइल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.