Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एह 5 आदत के चलते डायबिटीज के मरीज के शुगर के स्तर बढ़ सकता, समय रहते एकरा से बचे के जरूरत बा।

हाई ब्लड शुगर : डायबिटीज के मरीज के खानपान अउरी जीवनशैली के सामान्य राखे के जरूरत बा। एकरा दौरान जदी कुछ आदत के ध्यान ना राखल गईल त ब्लड शुगर में बढ़ोतरी हो सकता।

707

एह 5 आदत के चलते डायबिटीज के मरीज के शुगर के स्तर बढ़ सकता, समय रहते एकरा से बचे के जरूरत बा।


हाई ब्लड शुगर : डायबिटीज के मरीज के खानपान अउरी जीवनशैली के सामान्य राखे के जरूरत बा। एकरा दौरान जदी कुछ आदत के ध्यान ना राखल गईल त ब्लड शुगर में बढ़ोतरी हो सकता।
डायबिटीज के टिप्स : डायबिटीज अu हाई ब्लड शुगर के चलते जीवनशैली प बहुत प्रकार के असर पड़ेला। खाली खाना ना बलुक हर छोट-बड़ आदत पर ध्यान दिहल जरूरी हो जाला। उठ-बइठल, सुते-जागला, चले भा ना चले आ खाना खाए के समय के ध्यान राखे के पड़ेला, ना त ब्लड शुगर के स्तर जादा बढ़ सकता। डायबिटीज अपना संगे स्वास्थ्य संबंधी समस्या के मेजबान भी लेके आवेला, जवना में पैर के घाव, संक्रमण, त्वचा पे देखाई देवे वाला निशान, दिल के समस्या, दृष्टि के नुकसान आ किडनी के समस्या शामिल बा। इहाँ जान लीं कि कवन आदत बा जवना के छोड़ल बुद्धिमानी बा।

अइसन आदत जवन ब्लड शुगर बढ़ावेला |

•नाश्ता छोड़ दीं
नाश्ता सबेरे के पहिला खाना ह। नाश्ता ना कईला से लागता कि वजन कम कईल जा सकता जबकि अयीसन नईखे। खास तौर पे डायबिटीज के मरीज खातीर नाश्ता छोड़ला से स्वास्थ्य पे असर पड़ सकता। एकरा से ब्लड शुगर के स्पाइक हो सकता अउरी स्वास्थ्य खराब हो सकता। अगर सबेरे नाश्ता में जादा कुछ ना होखे त अंडा चाहे जई खाइल जा सकता, जवन कि ब्लड शुगर के सामान्य राखे में मदद क सकता।

•डिब्बाबंद सामान

अगर डायबिटीज के खतरा भी आपके माथा पे मंडरा रहल बा, त खास तौर पे डिब्बाबंद खाद्य पदार्थ के सेवन से परहेज करे के चाही। डिब्बाबंद चीजन के प्रोसेसिंग होला आ एह में संतृप्त वसा आ शुगर के भी मात्रा ढेर होला। एकरा अलावे जहां ताजा चीज़ खईला पे स्वास्थ्य निमन रहेला, जबकि इ डिब्बाबंद चीज़ स्वास्थ्य के खराब क सकता।

•हर समय बइठल
जादा बईठे के आदत के चलते आदमी डायबिटीज के शिकार हो सकता। अयीसना में डायबिटीज के मरीज बनला के बाद भी हमेशा स्थिर बईठला से ब्लड शुगर के स्तर बढ़ जाला। डायबिटीज के मरीज के चले अउरी व्यायाम करे के आदत बनावे के चाही। सक्रिय जीवनशैली ब्लड शुगर के स्तर के कम करे में मददगार होखेला।

•छोट बात पे तनाव में पडल
तनाव से स्वास्थ्य से जुड़ल बहुत समस्या होखेला अउरी एकरा अलावे ब्लड शुगर बढ़ावे में भी योगदान होखेला। अगर आदमी सकारात्मक रहेला त ओकर स्वास्थ्य भी स्वस्थ रहेला, लेकिन आदमी के तनाव, चिंता चाहे नकारात्मकता ओकरा पे शारीरिक अउरी मानसिक रूप से प्रभावित करेला, जवना के नतीजा में ब्लड शुगर भी बढ़ सकता। अइसना में जब भी तनाव महसूस होखे त गहिरा साँस लीं आ तनाव से छुटकारा पावे के कोशिश शुरू करीं।

•पानी ना पीयल
पर्याप्त पानी ना पिए से ब्लड शुगर में भी बढ़ोतरी होखेला। डायबिटीज के मरीज खातिर हाइड्रेटेड रहल बहुत जरूरी बा। शरीर में पानी के कमी से ब्लड शुगर के जादा बढ़ोतरी चाहे कम हो सकता। अयीसना में बहुत पानी पिए के कोशिश करीं ताकि ब्लड शुगर सामान्य रहे।

474500cookie-checkएह 5 आदत के चलते डायबिटीज के मरीज के शुगर के स्तर बढ़ सकता, समय रहते एकरा से बचे के जरूरत बा।

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.