गोरखपुर स्टेशन पs मरम्मत के कारण बदलल रूट से चलिहे सs ट्रेन

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 26, 2022

गोरखपुर रेलवे स्टेशन के प्लेटफॉर्म नंबर एक पs वॉशेबुल एप्रेन के मरम्मत होए। एह कारण से ट्रैफिक ब्लॉक लिहल जाई। एह दौरान कइयन गो ट्रेन निरस्त रही। ओहिजा, कइयन ट्रेनन के कम दूरी तक चलावल

Share

गोरखपुर रेलवे स्टेशन के प्लेटफॉर्म नंबर एक पs वॉशेबुल एप्रेन के मरम्मत होए। एह कारण से ट्रैफिक ब्लॉक लिहल जाई। एह दौरान कइयन गो ट्रेन निरस्त रही। ओहिजा, कइयन ट्रेनन के कम दूरी तक चलावल जाई। संगही कइयन गो ट्रेनन के बदलल मार्ग से 30 नवंबर से 15 दिसंबर तक आवागमन करावल जाई।

पूर्वोत्तर रेलवे के मुख्य जनसंपर्क अधिकारी पंकज कुमार सिंह बतवलें कि डिब्रूगढ़ से 30 नवंबर से 15 दिसंबर तक चले वाला डिबूगढ़ नई दिल्ली विशेष ट्रेन बदलल मार्ग छपरा, फेफना, इंदारा, मऊ, शाहगंज, अयोध्या कैंट, बाराबंकी के रस्ता से चली। ओहिजा नई दिल्ली से एक दिसंबर से 16 दिसंबर तक नई दिल्ली डिब्रूगढ़ ट्रेन बाराबंकी, अयोध्या कैंट, शाहगंज, मऊ, इंदारा, फेफना, छपरा के रस्ता आ बरौनी से 30 नवंबर से 15 दिसंबर तक बरौनी नई दिल्ली ट्रेन छपरा, फेफना, इंदारा, मऊ, शाहगंज, अयोध्या कैंट, बाराबंकी के रस्ता आ नई दिल्ली से एक दिसंबर से 16 दिसंबर तक चके वाली नई दिल्ली बरौनी बाराबंकी, अयोध्या कैंट, शाहगंज, मऊ, इंदारा, फेफना, छपरा के रस्ता से चलावल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.