नशा में JCB ड्राइवर मचवलस तांडव, 10 से 12 लोगन के कुचल देलस, एगो के मउत

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 14, 2024

  महाराष्ट्र के लातुर से एगो चौंकावे वाला मामिला सोझा आइल बा. नशा में धुत्त जेसीबी ड्राइवर सड़क पs हंगामा मचवले बा। जानकारी के मुताबिक तेज रफ्तार से जेसीबी चलावे वाला चालक 10 से 12

Share

 

महाराष्ट्र के लातुर से एगो चौंकावे वाला मामिला सोझा आइल बा. नशा में धुत्त जेसीबी ड्राइवर सड़क पs हंगामा मचवले बा। जानकारी के मुताबिक तेज रफ्तार से जेसीबी चलावे वाला चालक 10 से 12 लोग के कुचल देले बा। एs घटना में एगो युवक के भी मौत हो गईल बा।

पूरा मामिला का बा?

वायरल होखे वाला वीडियो में नशा में धुत्त जेसीबी ड्राइवर सड़क पs हंगामा करत देखाई देता। महाराष्ट्र के लातुर शहर के कन्हारी चौक पs सोमार के रात एह घटना के खबर दिहल जा रहल बा.  नशा में धुत्त जेसीबी चालक सड़क पs चलत 10 से 12 लोग के कुचल देले बा। एs घटना में सब्जी ले आवे खातीर बाजार गईल एगो युवक जालंदन खच्चर के मउत हो गईल बा, जबकि बहुत लोग घाही हो गईल बाड़े। जानकारी के मुताबिक घाही लोग के नजदीक के अस्पताल में भर्ती करावल बा।

बाइक सवार जेसीबी ड्राइवर के पकड़ लिहलस

जेसीबी से पैदा भईल अराजकता के बाद बहुत बाइक सवार नशा में धुत्त जेसीबी ड्राइवर के कई किलोमीटर ले पीछा कs के पकड़ लेले। पुलिस के मुताबिक आरोपी जेसीबी चालक के अपना दोस्त से झगड़ा भईल अवुरी ओकरा बाद उs शराब के सेवन कs लेलस। फिलहाल पुलिस आरोपी जेसीबी चालक के खिलाफ मामला दर्ज कs के आगे के जांच शुरू कs देले बिया।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.