छपरा के जेपी यूनिवर्सिटी में छात्रन खातिर जारी होई ड्रेस कोड : विश्वविद्यालय में बढ़ी कइयन तरे के सुविधा

By Anurag Ranjan

Published on: May 27, 2024

छपरा के जय प्रकाश विश्वविद्यालय के छात्र ड्रेस आ आई कार्ड से लैस होई लो। एकरा के लेके विश्वविद्यालय प्रबंधन के ओर से तइयारी सुरू कs दिहल गइल बा। संगही विश्वविद्यालय के सब अंगीभूत कॉलेजन

Share

छपरा के जय प्रकाश विश्वविद्यालय के छात्र ड्रेस आ आई कार्ड से लैस होई लो। एकरा के लेके विश्वविद्यालय प्रबंधन के ओर से तइयारी सुरू कs दिहल गइल बा। संगही विश्वविद्यालय के सब अंगीभूत कॉलेजन के ड्रेस कोड आ आई कार्ड जारी करे के निरदेस दिहल गइल बा। शैक्षिक परिवेश आ कॉलेज के अनुकूल माहौल बनावे के लेके विश्वविद्यालय कावर से कवायद तेज कs दिहल गइल बा।

ड्रेस कोड लागू कइल गइला के लेकर कुलपति कावर से सब संबंधित कॉलेजन के प्राचार्य के निर्देशित कइल गइल बा। शैक्षिक माहौल बनावे खातिर ई एगो अच्छा पहल मानल जा रहल बा। हालांकि, ड्रेस कोड खातिर अभी कपड़न के शेड्यूल जारी नइखे कइल गइल। विद्यार्थियन खातिर ड्रेस कोड आ आई कार्ड अनिवार्य कइल जाये के बा।

टूर पैकेज के रही सुविधा

जेपी यूनिवर्सिटी के अलग-अलग कॉलेजन में अब तक ना तs छात्रन के आइकार्ड मिलेला आ ना ओह लोगन के कवनो ड्रेस कोड बा। अइसन में छात्रन में आत्मविश्वास के कमी देखल जाला। नया सत्र से कॉलेज प्रशासन छात्रन के आइकार्ड देवे आ ड्रेस कोड के अनिवार्यता सुनिश्चित करे पs विचार कs रहल बा।

हालांकि, शहर के जेपीएम कॉलेज एकमात्र अइसन कॉलेज बा, जहां ड्रेसकोड के संगे आइल अनिवार्य बा। दोसरो कॉलेज एह महाविद्यालय से प्रेरणा लेके अपना संस्थान में ड्रेस कोड लागू कs सकत बा। एकरा संगही नया सत्र में एडमिशन लेवे वाला छात्रन के निशुल्क मोटिवेशनल क्लास, योगा क्लास, टूर पैकेज आदि के सुविधा प्राप्त होई।

भरवावल जाई शपथ पत्र

जेपी यूनिवर्सिटी के सब कॉलेजन के प्राचार्यन के बतावल गइल बा कि नियमित वर्ग संचालन ओह लोगन के पहिला प्राथमिकता होई। नया सत्र में जवना छात्रन के एडमिशन होई, ओह लोगन के रेगुलर क्लास आवे खातिर जागरूक कइल जाई, संगही एगो शपथ पत्रो भरवावल जाई। कॉलेज में जे केहू शिक्षक उपलब्ध बा, ओह लोगन के मार्गदर्शन में एगो बेहतर शैक्षणिक माहौल तइयार कइल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.