Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ना जानेनी बागेश्वर धाम के, हम पूछब – चमत्कार कईसे होला? शंकराचार्य अविमुक्तेश्वरानंद धीरेन्द्र शास्त्री पर आपन बात रखले

जगद्गुरु शंकराचार्य स्वामी अविमुक्तेश्वरानंद बागेश्वर धाम के धीरेन्द्र शास्त्री, उनकर चमत्कार आ जोशीमठ के लेके प्रतिक्रिया देले बाड़े। उ कहले कि हमनी के देश में अयीसन बहुत लोग बाड़े, जवन कि चमत्कार देखावत बाड़े अउरी जनता के धोखा देतारे। उ आगे कहले – जोशिमथ के मामला बहुत बड़ हो गईल रहे। सबके ध्यान भी ओही दिशा में जात रहे। अइसन में ध्यान भटकावे खातिर ई काम कइल गइल।

1,359

बागेश्वर धाम के पीठाधीश्वर धीरेन्द्र कृष्ण शास्त्री के लेके जगद्गुरु शंकराचार्य स्वामी अविमुक्तेश्वरानंद एक बार फिर बड़ा बयान देले बाड़े। अविमुक्तेश्वरानंद कहले कि हमनी के देश में अयीसन बहुत लोग बाड़े, जवन कि चमत्कार देखावत बाड़े अउरी जनता के धोखा देतारे। हम ओह सब लोग से कहले बानी कि जे चमत्कारी बा कि आगे आके जोशिमथ के दरार ठीक करस। धर्म, चमत्कार, राजनीति के मुद्दा पे शंकराचार्य निर्भीक प्रतिक्रिया देले बाड़े।

बता दीं कि पहिले जगद्गुरु शंकराचार्य स्वामी अविमुक्तेश्वरानंद बागेश्वर धाम के पीठाधीश्वर धीरेन्द्र कृष्ण शास्त्री के बिना आपन नाम लिहले चुनौती देले रहले आ कहले रहले कि अगर चमत्कार देखावे वाला लोग जोशिमठ में डूबत जमीन के रोक देले त हम ओह लोग के चमत्कार के पहचान लेब। एकरा संगे-संगे धीरेन्द्र शास्त्री शंकराचार्य के ए बयान प प्रतिक्रिया देले रहले अउरी सिर्फ इहे कहले रहले कि उ उनुका भावना के सम्मान करेले।

अब ‘ खबर भोजपुरी’ से विशेष बातचीत में स्वामी अविमुक्तेश्वरानंद कहले कि हमनी के बागेश्वर धाम से परिचित नईखी। कुछ लोग कहल कि ओहिजा चमत्कार हो रहल बा, त हम कहनी कि अगर अइसन बा त जोशिमठ आके दरार ठीक करस। हमनी के मतलब कवनो इंसान से ना रहे। उ कहले कि हमनी के ओ सभ लोग से कहले बानी जा कि जे चमत्कारी बाड़े, उ लोग आगे आके जोशिमठ के दरार ठीक करे के चाही।
साभार- न्यूज़18

444200cookie-checkना जानेनी बागेश्वर धाम के, हम पूछब – चमत्कार कईसे होला? शंकराचार्य अविमुक्तेश्वरानंद धीरेन्द्र शास्त्री पर आपन बात रखले

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.