Jio Cinema के राह पs Disney+ Hotstar, ICC क्रिकेट वर्ल्ड कप समेत 2 बड़ क्रिकेट टूर्नामेंट मुफ्त में देखल जा सकी

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 10, 2023

आईपीएल 2023 (IPL 2023) के फ्री स्‍ट्रीमिंग जियो सिनेमा (Jio Cinema) के बड़ फायदा पहुंचवलस! ऐप के व्‍यूअरशिप आ डाउनलोड्स में तेजी आइल। अइसन लागत बा कि बाकी ओटीटी ऐप्‍स अब जियो सिनेमा के राह

Share

आईपीएल 2023 (IPL 2023) के फ्री स्‍ट्रीमिंग जियो सिनेमा (Jio Cinema) के बड़ फायदा पहुंचवलस! ऐप के व्‍यूअरशिप आ डाउनलोड्स में तेजी आइल। अइसन लागत बा कि बाकी ओटीटी ऐप्‍स अब जियो सिनेमा के राह पs चल पड़ल बाड़ी सs। डिज्‍नी+ हॉटस्टार (Disney+ Hotstar) दु गो अहम क्रिकेट टूर्नामेंट के फ्री देखावे के ऐलान कइले बा। डिज्‍नी हॉटस्‍टार बतवले बा कि एशिया कप (Asia Cup) आ आईसीसी क्रिकेट विश्व कप (ICC Men’s Cricket World Cup) टूर्नामेंट सब मोबाइल फोन यूजर्स खातिर फ्री-टू-व्यू रूप में उपलब्ध करावल जाई।

दुनुए क्रिकेट टूर्नामेंट एह साल के आखिर में आयोजित कइल जा रहल बा। मोबाइल पs एह टूर्नामेंट्स के फ्री देखे खातिर लोगन के डिज्‍नी+ हॉटस्टार के ऐप डाउनलोड करे के होई। डिज्‍नी हॉटस्‍टार कहले बा कि एह डेग के मकसद क्रिकेट के खेल के आउर जादे लोकतांत्रित कइल बा आ ओह दौरान भारत के जादे से जादे मोबाइल यूजर्स खातिर एकरा के सुलभ बनावल बा।

डिज्‍नी+ हॉटस्टार के ऐलान के मतलब बा कि एह साल के आखिर में आयोजित होखे वाला दु गो बड़े क्रिकेट टूर्नामेंट भारतीय दर्शक अपना मोबाइल पs बिलकुल मुफ्त देख सकी लो। ओह लोगन के क्रिकेट मैच देखे खातिर कवनो सब्‍सक्र‍िप्‍शन लेवे के जरूरत ना होई। हालांकि जे लोग क्रिकेट मैच के अलावे डिज्‍नी हॉटस्‍टार के कंटेंट स्‍ट्रीम कइल चाहत बा, ओकरा सब्‍सक्रिप्‍शन लेवे के होई। ऐप के फ्री में स्‍ट्रीम करे के ऑफर खाली एशिया कप आ आईसीसी क्रिकेट विश्व कप टूर्नामेंट खातिर बा।

डिज्नी+ हॉटस्टार ने कहले बा कि ऊ भारत में तेजी से विकसित हो रहल ओटीटी इंडस्‍ट्री में सबसे आगे रहल बा। दर्शकन के एक्‍सपीरियंस के बेहतर बनावे खातिर हमनी के जवन अलग-अलग नवाचार पेश कइले बानी सs, ओसे हमनी के दर्शकन के खुस करे में मदद मिलल बा। एशिया कप आ आईसीसी पुरुष क्रिकेट विश्व कप के व्यापक दर्शकन खातिर उपलब्ध करावे से हमनी के समग्र ईको-सिस्टम के विकसित करे में मदद मिली।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.