स्वच्छता से दूर होई प्रदूषण से होखे वाला बेमारी- विधायक दीपक मिश्रा

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 2, 2023

बरहज/अखिलेश कुमार सिंह| स्वच्छ भारत अभियान के तहत पीएम नरेंद्र मोदी के आह्वान पs महात्मा गांधी के 154वीं जयंती से पहिले अतवार के देसभर में साफ सफाई अभियान बड़ पैमाना पs चलल। ‘स्वच्छता ही सेवा’

Share

बरहज/अखिलेश कुमार सिंह| स्वच्छ भारत अभियान के तहत पीएम नरेंद्र मोदी के आह्वान पs महात्मा गांधी के 154वीं जयंती से पहिले अतवार के देसभर में साफ सफाई अभियान बड़ पैमाना पs चलल। ‘स्वच्छता ही सेवा’ अभियान के तहत श्रमदान में आम आदमी, नवहा, अलग-अलग संस्थानन आ बीजेपी के कार्यकर्ता के संगे ग्रामीण इलाकन के नवहो बढ़-चढ़के हिस्सा लिहल।

प्रधानमंत्री मोदी ‘मन की बात’ कार्यक्रम के 105वां एपिसोड में लोगन से गली, मुहल्लन, पार्क, नदी, झील भा कवनो आउर सार्वजनिक स्थान पs स्वच्छ अभियान से जुड़े के आह्वान कइले रहस।

बरहज के विधायक दीपक मिश्रा आ संजय सिंह बकूची में झाड़ू लगावल लो। सफाई अभियान के तहत कंपोजिट विद्यालय पडरी गुरूराव में ग्राम प्रधान आ सुरेन्द्र यादव आउर विद्यार्थी लोग विद्यालय के साफ सफाई कइल आ प्रभात फेरी निकालल गइल।साधन सहकारी समिति मरकड़ा में अध्यक्ष सनी कुमार मिश्र आ सचिव जगदीश तिवारी द्वारा सफाई कार्य कइल गइल। विधायक दीपक मिश्रा कहलें कि स्वच्छता स्वास्थ खातिर जरूरी बा एहिसे एकरा के जन आंदोलन के रूप देहल जरूरी बा।

एह अभियान में युथ अध्यक्ष शिवम पाण्डे, रामजी सिंह, सूर्यप्रकाश मिश्रा, मनोज मिश्रा, प्रवीण राव, ऋषि कुमार रानू आदि लोग बढ चढ़के हिस्सा लिहल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.