AMU के मेडिकल कॉलेज में हिंदु लो से भेदभाव? इलाज ना कइले के लागल आरोप

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 4, 2024

  उत्तर प्रदेश के अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय के जेएनएमसी मेडिकल कॉलेज के लेके सांसद सतीश गौतम के ओर से एगो बड़ बयान दिहल गईल बा। सदन में चलत कार्रवाई के दौरान सांसद सतीश गौतम जेएनएमसी

Share

 

उत्तर प्रदेश के अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय के जेएनएमसी मेडिकल कॉलेज के लेके सांसद सतीश गौतम के ओर से एगो बड़ बयान दिहल गईल बा। सदन में चलत कार्रवाई के दौरान सांसद सतीश गौतम जेएनएमसी मेडिकल कॉलेज पs हिन्दू के इलाज ना करे के आरोप लगवले बाड़े। सांसद सतीश गौतम अपना बयान खातिर हमेशा सुर्खियन में रहेलें. उs एएमयू में जिन्ना के तस्वीर के लेके बयान भी देले रहले। बाकिर अब एक बेर फेरु सांसद के बयान लगातार सुर्खियन में आवत बा. अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय के जेएनएमसी मेडिकल कॉलेज पs एक बेर फेर से सांसद सतीश गौतम एगो बड़हन बयान दिहले बाड़न. सदन में बयान देत उs कहले कि दीनदयाल अस्पताल अलीगढ़ के जेएनएमसी मेडिकल कॉलेज के तर्ज पs आधुनिक बनावे के जरूरत बा। एही वजह से उनके बनावल अलीगढ़ के जेएनएमसी मेडिकल कॉलेज के केंद्र सरकार के ओर से ट्रॉमा सेंटर दिहल गईल, बाकिर हिन्दू के इहाँ इलाज नईखे होखत, हिन्दू इहाँ इलाज करावे से परहेज करतारे..!

जेएनएमसी मेडिकल कॉलेज के प्रिंसिपल का कहत बाड़ी?

सांसद सतीश गौतम के बयान के बारे में जेएनएमसी मेडिकल कॉलेज के प्राचार्य वीणा महेश्वरी कहले बाड़ी कि उ 40 साल से इहाँ अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय में मौजूद बाड़ी। वर्तमान में उs जेएनएमसी मेडिकल कॉलेज के प्रिंसिपल बाड़ी। जिला के संगे डिवीजन के बहुत मरीज इहाँ इलाज खातीर आवेले। इहाँ तमाम समुदाय के लोग के इलाज करावेला। हमनी के जाति आ धर्म के बारे में पूछ के केहू के इलाज ना करेनी जा। जेएनएमसी मेडिकल कॉलेज में हर धर्म आ सब समुदाय के लोग इलाज खातिर आवेला आ ओह लोग के मेडिकल कॉलेज में ठीक से इलाज होला. पता ना काहे अयीसन आरोप लगावल गईल बा, बाकिर जेएनएमसी मेडिकल कॉलेज में अयीसन कुछूओ नईखे होखत। इहाँ धर्म के आधार पs कवनो भेदभाव नईखे।

आखिर साँच का बा…?

मेडिकल कॉलेज में तैनात कर्मचारी आशीष शर्मा से जब बात भईल तs उs बतवले कि इहाँ बहुत साल से काम करतानी, बाकिर अबे ले हिन्दू मुसलमान के मुद्दा नईखी देखले। उनुका नईखे मालूम कि सांसद सतीश गौतम इs बयान काहें देले बाड़े। बाकिर अगर सांसद सतीश गौतम इहाँ मौजूद कर्मचारी पs खर्चा भईल बजट अवुरी सुविधा के बारे में विस्तार से बतवले रहते तs निमन रहित, बाकिर हमरा लागता कि उनुका ओर से हिन्दू के संगे व्यवहार के संबंध में जवन बयान दिहल गईल बा, उs सही नईखे।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.