गुजरातः पार्सल में ब्लास्ट होले से मचल हड़कंप, डिलीवरी वाला आ लेवे वाला दुनु घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 21, 2024

गुजरात के अहमदाबाद के साबरमती इलाका में एगो पार्सल में भइल धमाका चलते हलचल मच गइल.  पार्सल पहुंचावे वाला अवुरी पार्सल रिसीवर दुनो घाही हो गईले।  घटना शनिचर के सबेरे साढ़े दस बजे के करीब

Share

क्राइम

गुजरात के अहमदाबाद के साबरमती इलाका में एगो पार्सल में भइल धमाका चलते हलचल मच गइल.  पार्सल पहुंचावे वाला अवुरी पार्सल रिसीवर दुनो घाही हो गईले।  घटना शनिचर के सबेरे साढ़े दस बजे के करीब शिवम रो हाउस में भईल।  पुलिस के मुताबिक पार्सल डिलीवर करेवाला अवुरी पार्सल रिसीवर दुनो घाही हो गईल बाड़े।  पुलिस के मुताबिक पार्सल में बैटरी के धमाका हो गईल। पार्सल विस्फोट के खबर मिलते स्थानीय पुलिस मौका पs पहुंच के जांच शुरू कs देलस।

आरोपी के कइल गइल गिरफ्तार
पुलिस अधिकारी नीरज कुमार बरगुर्जर बतवले कि साबरमती स्थित बलदेव के आवास पs गौरव गाढ़वी नाम के आदमी आके एगो पार्सल थमा देलस जवन फट गईल।  आरोपी गौरव गाध्वी के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.  दुनों के बीच आंतरिक विवाद रहे। पुलिस मामला के छानबीन में जुटल बिया  जल्दिए बाकी आरोपी के गिरफ्तार कईल जाई।  मौका पs पुलिस, बम निरोधक दस्ता, डॉग स्क्वाड, एफएसएल मौजूद बा। 

इहो पढ़ीं : सबेरे-सबेरे: एक्सरसाइज कइले बिना घटावल जा सकेला वजन, रोजो फॉलो करीं इs जबरदस्त tips

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.