दिल्ली: ओल्ड राजेंद्र नगर में भइल हादसा में मृत स्टूडेंट्स के पहचान भइल

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 28, 2024

  दिल्ली के पुरान राजेंद्र नगर में एगो कोचिंग सेंटर के तहखाना में बरखा के पानी भरला से तीन लोग के मौत हो गइल. बचाव अभियान चल रहल बा। घटना में मरेवाला लोग के पहचान

Share

 

दिल्ली के पुरान राजेंद्र नगर में एगो कोचिंग सेंटर के तहखाना में बरखा के पानी भरला से तीन लोग के मौत हो गइल. बचाव अभियान चल रहल बा। घटना में मरेवाला लोग के पहचान हो चुकल बा अवुरी ओ लोग के फोटो के भी खुलासा हो चुकल बा। तीनों के उमर 25 से 28 साल के बीच रहे।

मरे वाला के पहचान

*तानिया सोनी, उम्र 25 साल, पिता के नाम- विजय कुमार

*श्रेया यादव, उम्र 25 साल

*नेविन डालविन, 28 साल, केरल

पोस्टमार्टम लगभग 10:30 बजे शुरू होई। श्रेया यादव के पिता के नाम राजेन्द्र यादव हs। श्रेया जून/जुलाई 2024 में ही एडमिशन लेले रहली। श्रेया श्रेया बरसावां हाशिमपुर, अकबरपुर, अंबेडकर नगर (यूपी) निवासी रहली हs।

सांसद स्वाति मालीवाल एह घटना के लेके सवाल उठवले बाड़ी आ उs कहली कि राजधानी में तहखाना में डूबे के चलते तीन छात्र के मौत के जिम्मेवारी के ली? बतावल जाता कि पछिला दस दिन से छात्र बार-बार नाली के सफाई के मांग करत रहले, बाकिर कवनो कार्रवाई ना भईल। अवैध तहखाना बिना भ्रष्टाचार के कइसे चल सकेला? अतिरिक्त मंजिल कइसे बन जाला? कइसे संभव बा कि बिना कवनो पइसा खरच कइले सड़क आ नाली के कब्जा में ले लिहल जाव.

पूरा मामिला का बा?

जांच में पता चलल कि तहखाना में लाइब्रेरी बा। आमतौर पs लाइब्रेरी में 30 से 35 लइका रहले। अचानक तहखाना में पानी तेजी से भरे लागल। तहखाना में बेंच के ऊपर छात्र खड़ा रहले। पानी के दबाव के चलते तहखाना में गिलास फाटे लागल। लईकन के रस्सी के मदद से बाहर निकालल गईल। साँझ के सात बजे पुस्तकालय बंद हो जाला आ दुर्घटना भी एही समय भइल।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.