गाजीपुर ‘लैंडफिल’ में लागल आग से अबो निकलत बा धुआं

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 22, 2024

पूर्वी दिल्ली के गाजीपुर लैंडफिल स्थल पs अतवार के सांझ के भारी आग लाग गईल। अधिकारी आग लागे खातीर गरम अवुरी शुष्क मौसम के जिम्मेदार ठहरवले। अतवार के रात आठ बजे से लगातार कूड़ा के

Share

पूर्वी दिल्ली के गाजीपुर लैंडफिल स्थल पs अतवार के सांझ के भारी आग लाग गईल। अधिकारी आग लागे खातीर गरम अवुरी शुष्क मौसम के जिम्मेदार ठहरवले। अतवार के रात आठ बजे से लगातार कूड़ा के पहाड़ जरत बा अवुरी दमकलकर्मी आग पs काबू पावे खातीर पूरा मेहनत करतारे। आज भाजपा के नेता लैंडफिल साइट के दौरा करीहे।

धुआं के चलते लोग के सांस लेवे में परेशानी होखेला

अधिकारी बतवले कि भींजल गीला कबाड़ दबले के चलते गर्मी पैदा हो जाला। ओकरा बाद ओकरा में गैस बन जाला जवना से आग लागेला। फिलहाल एs घटना में कवनो जानमाल के नुकसान के कवनो खबर नईखे। कूड़ा के ढेर से निकले वाला धुआं के चलते पास के कालोनी में रहेवाला लोग के आंख में जलन अवुरी सांस लेवे में परेशानी के सामना करे के पड़ता। लोग सरकार अवुरी प्रशासन पs लापरवाही के आरोप लगवले बाड़े।

दिल्ली के मेयर पोस्ट कइले

दिल्ली के महापौर शैली ओबेरॉय ‘एक्स’ पs एगो पोस्ट में कहली कि आग गाजीपुर लैंडफिल स्थल के एगो छोट हिस्सा में लागल बा। उs कहले कि गाजीपुर लैंडफिल स्थल के एगो छोट हिस्सा में आग लाग गईल। निर्देश के मुताबिक सभ अधिकारी मउका पs मौजूद बाड़े अवुरी सबकुछ नियंत्रण में बा।” मउका पs मौजूद डिप्टी मेयर अले इकबाल ‘एक्स’ पs एगो पोस्ट में कहले कि, ‘गाजीपुर लैंडफिल स्थल पs आग लागे के घटना सोझा अईला के बाद (हम) जगह के निरीक्षण कईनी। (हम) अधिकारी लोग के जल्दी से आग पs काबू पावे के निर्देश देले रहनी। गरम आ शुष्क मौसम के चलते आग लाग गईल।”

AAP सरकार पs भाजपा के हमला

ओने भाजपा दिल्ली सरकार के निशाना बनावत आरोप लगवलस कि पिछला साल 31 दिसंबर ले गाजीपुर लैंडफिल स्थल खाली करावे के वादा कइले रहुवे बाकिर वादा पूरा ना कइलस. दिल्ली भाजपा प्रवक्ता प्रवीण शंकर कपूर एगो बयान जारी कs कहले कि लैंडफिल स्थल पs लागल आग के चलते इलाका में धुआं पसरल बा, जवना के चलते निवासी अवुरी व्यापारी के परेशानी होखता।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.