Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

WPL 2023: दिल्ली कैपिटल्स के जीत में चमकली तारा नौरिस, शेफाली आ लैनिंग के कमाल, आरसीबी के मिलल बड़ हार

1,182

शेफाली वर्मा आ मेग लैनिंग के मदद से दिल्ली कैपिटल्स अतवार (पांच मार्च) के मुंबई के ब्रेबोर्न स्टेडियम में रॉयल चैलेंजर्स बेंगलोर (आरसीबी) के 60 रन से हराले अपना अभियान के सुरुआत कइलस। महिला प्रीमियर लीग में शेफाली आ लैनिंग धमाकेदार सुरुआत कइल लो। दुनो पहिला विकेट खातिर 162 रनन के साझेदारी कइल लो। दिल्ली पहिले बल्लेबाजी के निमंत्रण पाके आरसीबी के खिलाफ दु विकेट पs 223 रन बनवलस। जवाब में आरसीबी के टीम 20 ओवर में आठ विकेट पs 163 रन बना सकल।

रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर बनाम दिल्ली कैपिटल्स – फोटो : BCCI

दिल्ली कैपिटल्स खातिर मेरिका के तारा नौरिस 29 रन देके पांच विकेट अपना नामे कइली उनका सोझा आरसीबी के कवनो बल्लेबाज ना चल सकल लो। कप्तान स्मृति मंधाना के 35 रन के अलावे हीदर नाइट 34 आ मेघन शट 30 रन के पारी खेलल लो। एक समय 14वां ओवर में टीम 96 रन पs सात विकेट गंवा देले रहे, बाकिर हीथर नाइट आ मेगन शुट आठवां विकेट खातिर 54 रन के साझेदारी कs के आरसीबी के हार के अंतर कम कइल लो।

शेफाली वर्मा आ मेग लैनिंग – फोटो : WPL

शेफाली आ लैनिंग कइल लोग तूफानी बल्लेबाजी

एकरा पहिले दिल्ली कैपिटल्स के 19 साल के आक्रामक बल्लेबाज शेफाली 45 गेना के पारी में दस चौका आ चार छक्का लगवली। ऊ 84 रन के पारी खेलली। ऑस्ट्रेलिया के आईसीसी टी-20 विश्वकप जिताने वाली कप्तान लैनिंग 43 गेना के पारी में 14 चौका लगवली लैनिंग 72 रन बनवली।

रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर बनाम दिल्ली कैपिटल्स – फोटो : WPL

हीथर नाइट लैनिंग आ शेफाली के कइली आउट

बल्लेबाजी के अनुकूल ब्रेबोर्न स्टेडियम में आरसीबी के पहिला विकेट 15वां ओवर में मिलल जब इंग्लैंड के कप्तान हीथर नाइट अपना स्पिन से विपक्षी कप्तान लैनिंग के आउट कइली आ ओकरा एक गेना के अंदर विकेट के पीछे ऋचा घोष शेफाली के बढ़िया कैच लपकली। हालांकि, तब तक देर हो चुकल रहे। लैनिंग आ शैफाली 87 गेना में 162 रन जोड़के 200 से जादे स्कोर के नीवं तइयार कs देले रहे लो। ओकरा बाद मारिजान कैप आ जेमिमा रोड्रिग्ज 59 रन के अटूट साझेदारी कइल लो। कैप 17 गेना पs नाबाद 39 रन आ जेमिमा 15 गेना पs नाबाद 22 रन बनवली।

रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर बनाम दिल्ली कैपिटल्स – फोटो : WPL

मंधाना सात गेंदबाजन के अजमवली

अपना कप्तानी में भारत के अंडर-19 विश्वकप जितावे वाली शेफाली खराब गेनन के निमन खबर लेली। ऊ मेगन शुट के गेना पs एक रन लेत 31 गेना पs आपन अर्धशतक पूरा कs लेली। लैनिंग नाइट के गेना पs चौका लगाके 30 गेना पs आपन अर्धशतक पूरा कइली। पावरप्ले में दिल्ली कैपिटल्स 12 चौका लगवले रहे। दस ओवरन में टीम 100 रन के आंकड़ा पार कs चुकल रहे। महिला प्रीमियर लीग में अपना कप्तानी के पहिला मैच में आरसीबी के कप्तान स्मृति मंधाना सात गेंदबाजन के अजमवली। मंधाना टॉस जीतला के बाद पहिले गेंदबाजी करे के फैसला कइले रहली।

 

476300cookie-checkWPL 2023: दिल्ली कैपिटल्स के जीत में चमकली तारा नौरिस, शेफाली आ लैनिंग के कमाल, आरसीबी के मिलल बड़ हार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.