दिल्ली: दिवाली पs पटाखा फोड़े वालन खातीर बड़ खबर, पटाखा बेचे पs लागल रोक

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 9, 2024

  दिवाली के नजदीक आवत-जात लोग पटाखा, नया कपड़ा आ मिठाई के बारे में सोचे लागेला। बाकिर एs साल भी दिल्ली में पटाखा के बिक्री, उत्पादन अवुरी भंडारण पs रोक लगा दिहल गईल बा। पटाखा

Share

दिल्ली में पटाखा पs रोक:फोटो

 

दिवाली के नजदीक आवत-जात लोग पटाखा, नया कपड़ा आ मिठाई के बारे में सोचे लागेला। बाकिर एs साल भी दिल्ली में पटाखा के बिक्री, उत्पादन अवुरी भंडारण पs रोक लगा दिहल गईल बा। पटाखा के ऑनलाइन बिक्री पs भी रोक लगावल जाई। इs प्रतिबंध 1 जनवरी 2025 ले जारी रही।

बैन के का कारण बा?

जाड़ा के मौसम में होखे वाला प्रदूषण के देखत इs फैसला लिहल गईल बा। दिल्ली सरकार के पर्यावरण मंत्री गोपाल राय ई जानकारी दिहले बाड़न. गोपाय राय के कहल बा कि एह प्रतिबंध के कड़ाई से लागू कइल जाई. एकरा खातीर दिल्ली पुलिस, दिल्ली प्रदूषण नियंत्रण समिति अवुरी राजस्व विभाग मिल के काम करीहे।

गोपाल राय के मुताबिक एs फैसला के सफलतापूर्वक लागू करे खातीर सरकार के ओर से विस्तृत दिशा-निर्देश जारी कईल जाई। दिल्ली प्रदूषण नियंत्रण समिति के ओर से भी अधिसूचना जारी कईल जाई।

ध्यान देवे वाला बात बा कि हर साल दिवाली के आसपास दिल्ली में प्रदूषण बढ़ेला अवुरी लोग के सांस लेवे में परेशानी होखता। अयीसना में पटाखा पs रोक लगावे से पर्यावरण के प्रदूषित होखे से बचावल जाई अवुरी जनता के सांस लेवे के समस्या भी कम होई।

हालांकि पटाखा पs रोक लगावल सरकार खातीर बड़ चुनौती होई। काहे कि प्रतिबंध के बावजूद कुछ लोग पटाखा फटे से परहेज ना करेले अवुरी पटाखा के अंधाधुंध ब्लैक में बेचल जाला। दिवाली के दिन प्रदूषण एतना बढ़ जाला कि सांस लेवे में दिक्कत के अलावे आंख में चुभन होखेला.

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.