Gorakhpur News: बिहार अंडर-19 टीम में गोरखपुर के दीपक का चयन

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 17, 2024

गोरखपुर। शहर के दायां हाथ के मीडियम पेसर दीपक सिंह के चयन बिहार अंडर-19 टीम में भइल बा। ऊ वीनू मांकड़ ट्रॉफी में प्रतिभाग कs रहल बाड़ें। दीपक गोरखपुर में पिछिला चार बरिसन से प्रैक्टिस

Share

बिहार अंडर-19 टीम में गोरखपुर के दीपक के चयन।

गोरखपुर। शहर के दायां हाथ के मीडियम पेसर दीपक सिंह के चयन बिहार अंडर-19 टीम में भइल बा। ऊ वीनू मांकड़ ट्रॉफी में प्रतिभाग कs रहल बाड़ें। दीपक गोरखपुर में पिछिला चार बरिसन से प्रैक्टिस कs रहल बा।

शहर के पादरी बाजार में रहे वाला दीपक आरएस एकेडमी सिंघड़िया में अभ्यास करत बाड़ें। प्रतियोगिता में खेलल गइल एगो मुकाबला में दीपक 10 ओवरन में 18 रन देके दु विकेट हासिल कइले बाड़ें। कोच नीरज यादव बतवलें कि दीपक एगो फास्ट बॉलिंग ऑलराउंडर हवे आ निचिला क्रम में बैटिंग करत बाड़ें। 125 से 130 के रफ्तार से गेंदबाजी करत बा। तेज गेंदबाजी ऑलराउंडर के जरूरत हर टीम के रहेला। इहे देखत दीपक के टीम में चयनित कइल गइल बा।

उनका एह चयन पs कोच राजबीर सिंह, दुर्गेश चौधरी, विवेक जायसवाल, अमित सिंह, शफीक अहमद सिद्दीकी, वेट लिफ्टर रंजीत सिंह, गोरखपुर विश्वविद्यालय पूर्व छात्र संघ महामंत्री नीरज शाही, साबित अली, दुर्गेश सिंह आदि बधाई दिहल लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.