डीडीयू के छात्रा संगे भइल छेड़खानी: दीदी कहके दोस्ती कइलस, फेर मंगलस न्यूड फोटो

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 28, 2024

गोरखपुर विश्वविद्यालय के छात्रा के संगे मोलेस्टेशन के ममिला सामने आइल बा। आरोपी छात्रा से दीदी कहके दोस्ती कइलस, फेर मोबाइल आ सोशल मीडिया पs अश्लील मैसेज भेजे लागल। छात्रा पहिले ओकरा के नजरअंदाज कइलस।

Share

गोरखपुर विश्वविद्यालय के छात्रा के संगे मोलेस्टेशन के ममिला सामने आइल बा। आरोपी छात्रा से दीदी कहके दोस्ती कइलस, फेर मोबाइल आ सोशल मीडिया पs अश्लील मैसेज भेजे लागल।

छात्रा पहिले ओकरा के नजरअंदाज कइलस। जब ओकर हरकत जादे बढ़ गइल तs छात्रा बियफे के मुख्य नियंता कार्यालय पहुंच कs के शिकायत कइलस। मुख्य नियंता कार्रवाई खातिर कैंट पुलिस के पत्र लिखले बाड़ें।

छात्रा से कइलस न्यूड फोटो भेजे के मांग

पीड़िता MA के स्टूडेंट हियs। ऊ नियंता के दिहल शिकायती पत्र में बतवलस कि संगे पढ़े वाला जुवक करीब तीन महीना पहिले ओकरा के दीदी कहके सोशल मीडिया पs बात कइल सुरू कइलस। एकरा बाद जब छात्रा ओकर जवाब देलस तs आरोपी अश्लील मैसेज भेजल सुरू कs देलस। छात्रा बतवलस कि ऊ मैसेज ना करे के गुजारिश कइलस तs जुवक न्यूड फोटो भेजे के मांग करत मोलेस्ट कइल सुरू कs देलस। आरोपी के करतूतन से तंग आके ऊ शिकायत करे पहुंचल आ आरोपी के खिलाफ कार्रवाई के मांग कइलस।

शिकायत के संज्ञान लेत मुख्य नियंता डॉ. सतीश पांडेय पत्र लिखके कैंट पुलिस से कार्रवाई करे के मांग कइलस। हालांकि कैंट पुलिस के कहनाम बा कि अभी नियंता के पत्र नइखे मिलल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.