Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

PM-USHA योजना में DDU के मिली 100 करोड़ के ग्रांट: रिसर्च एक्टिविटीज बढ़ावे के संगे बेसिक इंफ्रास्ट्रक्चर के सुधारे में मिली मदद, यूपी के 6 यूनिवर्सिटीज के मिलल ग्रांट

958

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर यूनिवर्सिटी के PM USHA योजना के तहत 100 करोड़ रुपिया के ग्रांट मिलल बा। DDU के अलावे प्रदेश के 5 आउर यूनिवर्सिटीज आ देस में 26 यूनिवर्सिटीज के ई ग्रांट मिलल बा। एकरा मिलला से DDU के रिसर्च एक्टिविटीज के बढ़ावे आ बेसिक इंफ्रास्ट्रक्चर के सुधारे में मदद मिली।

मानव संसाधन विकास मंत्रालय MHRD के तहत संचालित पीएम-उषा योजना में देस भर के 35 यूनिवर्सिटीज के 100-100 करोड़ आ 75 यूनिवर्सिटीज के 20-20 करोड़ रुपिया के ग्रांट दिहल जात बा। DDU दुनो कैटेगरी में आवेदन कइले रहे। एमे 100 करोड़ वाला कैटेगरी में यूनिवर्सिटी के चयन भइल बा।

प्रयोगशाला, जर्जर सड़कन के होई मरम्मत

नैक की A++ ग्रेडिंग आ QS दक्षिण एशिया रैंकिंग में स्थान मिलला के बाद एह दउड़ में गोरखपुर यूनिवर्सिटी के दावेदारी मजबूत मानल जात रहे। मानको में ऊ लखनऊ यूनिवर्सिटी के बाद दूसरका नंबर पs रहल। एह रकम के मिलला से यूनिवर्सिटी में डिपार्टमेंट्स के प्रयोगशाला, जर्जर सड़कन आ भवनन के दुरुस्त कइल जाई।

यूपी के 6 यूनिवर्सिटीज के मिलल ग्रांट

गोरखपुर यूनिवर्सिटी के अलावे PM USHA के तहत लखनऊ यूनिवर्सिटी, चौधरी चरण सिंह मेरठ यूनिवर्सिटी, रूहेलखंड यूनिवर्सिटी बरेली, बुंदेलखंड यूनिवर्सिटी झांसी आ राम मनोहर लोहिया अवध यूनिवर्सिटी अयोध्या के 100 करोड़ रुपिया के ग्रांट मिलल बा।।

एह संबंध में VC प्रोफेसर पूनम टंडन बतवली कि DDU PM USHA योजना के दुनो कैटेगरी में आवेदन कइले रहे। ऊ कहली कि गोरखपुर यूनिवर्सिटी बेहतर परफॉर्म करत 100 करोड़ के ग्रांट हांसिल कइले बा। एकरा से यूनिवर्सिटी के बेसिक इंफ्रास्ट्रक्चर के सुधारे आ रिसर्च एक्टिविटीज के बढ़ावा देवे में मदद मिली।

100 करोड़ से मिली रिसर्च के बढ़ावा

नई शिक्षा नीति में रिसर्च के बढ़ावा देवे पs जोर बा। MHRD देस के टॉप 35 स्टेट यूनिवर्सिटीज के चयन कs के उनका 100 करोड़ रुपिया के ग्रांट देले बा। एसे ओह यूनिवर्सिटीज में रिसर्च के बढ़ावा देवे के संगे मूलभूत ढांचा के दुरुस्त करे के काम कइल जा सकी। ओहिजा टॉप 75 यूनिवर्सिटीज के 20 करोड़ रुपिया के ग्रांट दिहल जाई।

आवेदन में देवे के रहे रकम खर्च करे के ब्यौरा

गोरखपुर यूनिवर्सिटी 100 करोड़ आ 20 करोड़ दुनों कैटेगरी में ग्रांट खातिर आवेदन कइले रहे। यूनिवर्सिटी के ओर से आवेदन के संगही रकम के इस्तेमाल के ब्यौरो दिहल गइल रहे। एमे 100 करोड़ रुपिया से एगो मल्टीस्टोरी बिल्डिंग बनावे के प्रस्ताव दिहल गइल रहे। जवना के ग्राउंड फ्लोर पs ऑडिटोरियम, आउर फ्लोर पs रिसर्च स्ट्रूमेंट फैकल्टी बनावल जाये के बा। एकरा अलावे जर्जर सड़क के मरम्मत के विवरण DDU प्रशासन जमा कइले रहे। ग्रांट मिलला के बाद एह परियोजनन के जल्दिये सुरू होखे के उम्मीद बा।

साभार : दैनिक भास्कर

744210cookie-checkPM-USHA योजना में DDU के मिली 100 करोड़ के ग्रांट: रिसर्च एक्टिविटीज बढ़ावे के संगे बेसिक इंफ्रास्ट्रक्चर के सुधारे में मिली मदद, यूपी के 6 यूनिवर्सिटीज के मिलल ग्रांट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.