ब्लैकहोल से धरती तक पहुँच रहल बा खतरनाक किरण

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 31, 2023

ब्लैकहोल से धरती तक पहुँच रहल बा खतरनाक किरण वैज्ञानिक अंतरिक्ष में एगो ब्लैक होल के पता लगवले बाड़े, जवना के दिशा पृथ्वी के ओर बा। बतावल जा रहल बा कि एह ब्लैक होल से

Share

ब्लैकहोल से धरती तक पहुँच रहल बा खतरनाक किरण

वैज्ञानिक अंतरिक्ष में एगो ब्लैक होल के पता लगवले बाड़े, जवना के दिशा पृथ्वी के ओर बा। बतावल जा रहल बा कि एह ब्लैक होल से निकले वाला किरण धरती तक पहुंच रहल बा जवन वैज्ञानिक लोग के मुताबिक बहुत खतरनाक बा।

ब्लैकहोल के धरती के ओर मुड़ल आश्चर्यजनक बा। वैज्ञानिक लोग के मुताबिक इ ब्लैक होल पृथ्वी से 65.7 करोड़ प्रकाश वर्ष दूर स्थिति बा। ई एतना बड़ बा कि एकरा में कई गो सूरज समा सकेला। अइसना में वैज्ञानिकन खातिर ई रहस्य बनल बा कि…

आखिर अंतरिक्ष में ई घटना कइसे भइल | शोधकर्ता लोग के अनुमान बा कि एक आकाशगंगा के दुसरा आकाशगंगा से टकराए के बात एकरा पीछे एगो महत्वपूर्ण कारण हो सकता। ए लोग के टक्कर के बाद ब्लैकहोल के दिशा बदल जाता। ऊ आकाशगंगा जवना के वैज्ञानिक लोग फेर से वर्गीकृत कइले बा आ जवना के केंद्र में ब्लैकहोल बा। ई हमनी के आकाशगंगा से 40 गुना बड़ बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.