भाकपा माले सीवान में निकललस मार्च: केंद्र के नीतियों के खिलाफ कइलस नारेबाजी, कहलस-बीजेपी खाली ठगे के काम कइलस

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 16, 2024

सीवान शहर मुख्यालय सहित सब प्रखंडन में भाकपा माले विरोध मार्च निकललस। ई विरोध मार्च देशव्यापी हड़ताल आ ग्रामीण भारत बंद के तहत निकलल। एह दौरान केंद्र सरकार के नीतियन के खिलाफ जमके नारेबाजी कइल

Share

सीवान शहर मुख्यालय सहित सब प्रखंडन में भाकपा माले विरोध मार्च निकललस। ई विरोध मार्च देशव्यापी हड़ताल आ ग्रामीण भारत बंद के तहत निकलल। एह दौरान केंद्र सरकार के नीतियन के खिलाफ जमके नारेबाजी कइल लो।

सीवान शहर के ललित बस स्टैंड से मार्च निकलल जवन गोपालगंज मोड़ होखत अलग-अलग मार्गन से जेपी चौक तक पहुंचल आ सभा में तब्दील हो गइल। ओहिजा, एकरा संगही मैरवा नगर, दरौली, रघुनाथपुर बाजार, आन्दर, दारौंदा आदि जगहन पs मार्च निकालल गइल।

सीवान में विरोध प्रदर्शन आ मार्च में भाकपा माले के मजदूर यूनियन संघ, खेग्रामस, रसोइया संघ, आंगनबाड़ी सेविका सहायिका संघ आ आशा संघ सामिल रहल। भाकपा माले के जिला सचिव हंसनाथ राम जेपी चौक पs सभा के संबोधित करत कहलें की बीजेपी आज देस खातिर खतरा  बिया। बीजेपी के अइसन केहू सगा नइखे, जेकरा के बीजेपी ठगले नइखे। बीजेपी नौजवान, छात्र, महिला, मजदूर, किसान सबका के ठगे के काम कइले बिया। सबका संगे बीजेपी विश्वासघात कइले बिया।

भाकपा माले नेत्री सोहिला गुप्ता कहली कि आज देस महंगाई, बेरोजगारी से परेसान बा। देश के नवहन के रोजगार के जरूरत बा। अच्छा शिक्षा के जरूरत बा बाकिर आज देस के बीजेपी नेता नवहन के जाति आ धर्म के नाम पs भटका रहल बा। कोरोना के समय दु-दु हजार किलोमीटर देस के जनता पैदल चलल रहे। केतना लोग भूख पियास से मर गइल आ आज देस में प्राण प्रतिष्ठा के नाम पs करोड़न रूपिया खर्च कइल जा रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.