Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Covid-19: केंद्र के राज्यन स्वास्थ्य मंत्रियन के संगे बैठक भइल, एह राज्य में मास्क लगावल भइल अनिवार्य

देस में 195 दिन बाद कोरोना के 5335 नया ममिला मिलला के बाद केंद्र सरकार चिंता जतवलस। एकरा चलते आज केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्री मनसुख मांडविया राज्यन आ केंद्र शासित प्रदेशन के स्वास्थ मंत्रियन के संगे बैठक कs रहल बाड़ें। 

3,082

देस में बियफे के 195 दिनन के बाद कोरोना के 5,335 नया ममिला दर्ज कइल गइल बा। पिछला साल 23 सितंबर के 5,383 ममिला दर्ज कइल गइल बा। कोरोना के ममिलन के एह बढ़त रफ्तार के देखत अब केंद्र सरकार एक्शन मोड में आ गइल बा। एकरा चलते केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्री मनसुख मांडविया आज सब राज्यन आ केंद्र शासित प्रदेशन के स्वास्थ मंत्रियन के संगे समीक्षा बैठक के अध्यक्षता कs रहल बाड़ें।

राज्यन के कोरोना के लेके दिशा-निरदेस जारी

स्वास्थ्य राज्य मंत्री डॉ. भारती प्रवीन पवार बतवलें कि कोरोना के बढ़त संक्रमण के देखत केंद्र कोविड-19 पs राज्यन आ केंद्रशासित प्रदेशन के नियमित रूप से दिशा-निरदेस जारी कइल गइल बा आ एही के देखत आज बैठक रखल गइल। ओहिजा, पीएम मोदी कोरोना के लेके पहिले सब राज्यन के संगे समीक्षा बैठक कs चुकल बाड़ें।

एह बीच देस में कोविड-19 के ममिलन में उछाल के बाद पुडुचेरी में सार्वजनिक जगहन पs मास्क पहिनल अनिवार्य कs दिहल गइल रहे।

सक्रिय ममिलन के संख्या 25,587 भइल

देस में चार अप्रिल के कोरोना के 3038 आ पांच अप्रिल के 4,435 नया ममिला मिलल रहे। इंसाकोग के मोताबिक भारत में कोरोना संक्रमण में एक्सबीबी.1.16 वैरिएंट के देखल गइल बा। संक्रमण में 38.2 प्रतिशत एक्सबीबी.1.16 वैरिएंट बा। केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय बियफे के बतवलस कि सक्रिय ममिलन के संख्या बढ़के 25,587 हो गइल बा। कोरोना से 13 लोगन के मौत के बाद मृतकन के संख्या बढ़के 5,30,929 हो गइल बा।

कर्नाटक आ महाराष्ट्र में कोरोना से मौत

कोरोना के चलते कर्नाटक आ महाराष्ट्र से दु-दु लोगन के मौत भइल बा। केरल आ पंजाब से एकहो गो मौत के सूचना मिलल बा। एकरा अलावे केरल कोरोना से जान गंवावे वाला मरीजन के आंकड़न के पुनर्मिलान कइला के बाद मृतकन के सूची में सात ममिला जोड़ल गइल बा।

बता दीं कि एह बेमारी से अब तक देस में 4,47,39,054 लोग संक्रमित हो चुकल बा। सक्रिय ममिलन के संख्या कुल संक्रमितन के 0.06 प्रतिशत ना। एह दौरान दैनिक संक्रमण दर 3.32 प्रतिशत आ साप्ताहिक संक्रमण दर 2.89 प्रतिशत दर्ज कइल गइल बा।

कोरोना से ठीक होखे के राष्ट्रीय दर 98.75 प्रतिशत दर्ज कइल गइल बा। मृत्यु दर 1.19 प्रतिशत बा। राष्ट्रव्यापी कोरोना टीकाकरण अभियान के तहत देस में अब तक कोरोनारोधी टीका के 220.66 करोड़ डोज दिहल जा चुकल बा।

506190cookie-checkCovid-19: केंद्र के राज्यन स्वास्थ्य मंत्रियन के संगे बैठक भइल, एह राज्य में मास्क लगावल भइल अनिवार्य

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.