Coronavirus In UP: यूपी के 56 जिलन तक पहुंचल कोरोना के संक्रमण, Covid-19 संक्रमित 163 नया रोगी मिलले

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 6, 2023

प्रदेश में बीतल 24 घंटा में कोरोना से संक्रमित 163 नया रोगी मिलल बा लो। सबसे जादा 47 नया मरीज गौतमबुद्ध नगर में, लखनऊ में 24, वाराणसी में 14, गाजियाबाद में 13, अमरोहा में 9,

Share

प्रदेश में बीतल 24 घंटा में कोरोना से संक्रमित 163 नया रोगी मिलल बा लो। सबसे जादा 47 नया मरीज गौतमबुद्ध नगर में, लखनऊ में 24, वाराणसी में 14, गाजियाबाद में 13, अमरोहा में 9, ललितपुर में 7, लखीमपुर खीरी में 5, मुरादाबाद, सहारनपुर आ अमेठी में 4-4, प्रयागराज, सोनभद्र आ बुलंदशहर में 3-3 नया मरीज मिलल बा। ओहिजा, 85 रोगी स्वस्थ भइल बा लो।

अब कुल सक्रिय केस 718 बा। एमे सबसे जादे 209 सक्रिय केस गौतमबुद्ध नगर में बा। दूसरका नंबर पs 86 सक्रिय केस लखनऊ में बा। तीसरका नंबर पs 72 गाजियाबाद में, चउथा नंबर पs 36 ललितपुर में आ पांचवा नंबर पs 33 सक्रिय केस वाराणसी में बा।

अब कोरोना के संक्रमण 56 जिलन तक फइल गइल बा। अब रिकवरी रेट 98.9 प्रतिशत बा। कोरोना से बचाव खातिर चिकित्सा आ स्वास्थ विभाग आउर चिकित्सा शिक्षा विभाग सब जरूरी उपाय करे में जुटल बा। सब जिलन में कोरोना अस्पताल फेर से सक्रिय कइल जा रहल बा।

मेडिकल कालेज से लेके सामुदायिक स्वास्थ केंद्रन तक आक्सीजन प्लांट आ आक्सीजन कंसंट्रेटर के बेवस्था कइल गइल बा। स्वास्थ विभाग बुजुर्गन आ गंभीर रोगियन के सलाह देले बा कि ऊ भीड़-भाड़ वाला जगह पs जाये से बचे लो। कोरोना प्रोटोकाल के पालन करी। मास्क लगावल आ दु गज के शारीरिक दूरी के नियम के पालन करीं।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.