उपद्रवी साहित्यकार डॉ. रामदेव शुक्ल मार्ग के शीलापट तुडले सs

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 28, 2024

  शिवपुर वार्ड में राज्यसभा सदस्य आ भाजपा महासचिव डॉ. राधा मोहनदास अग्रवाल के नाम पs शिलापट तूड़े के सुर्खियन के बीच एगो अउरी मामला सामने आइल। शक्तिनगर वार्ड में प्रोफेसर (डॉ.) रामदेव शुक्ल मार्ग

Share

फाइल फोटो

 

शिवपुर वार्ड में राज्यसभा सदस्य आ भाजपा महासचिव डॉ. राधा मोहनदास अग्रवाल के नाम पs शिलापट तूड़े के सुर्खियन के बीच एगो अउरी मामला सामने आइल। शक्तिनगर वार्ड में प्रोफेसर (डॉ.) रामदेव शुक्ल मार्ग के शिलापट नाली-सड़क बनाए वाला ठेकेदार तुड़ दिहलस। तब से ऊ पत्थर सड़क के किनारे धूल बटोरत बा। स्थानीय लोग कई बेर ठेकेदार से शिकायत कईले बाकिर उs शिलापट ना लगवले।

इहो पढ़ी:सबेरे-सबेरे: पेट के प्रॉब्लम्स करीं दूर इs तीन गो योगासन , सामिल करीं रोजमर्रा के जिंदगी में 

तत्कालीन मेयर सीताराम जायसवाल अवुरी तत्कालीन पार्षद आलोक सिंह विशेन 15 नवंबर 2022 के ए सड़क के नामकरण के शिलान्यास कईले रहले। एह पर पूर्व पार्षद आलोक सिंह विशेन के कहनाम बा कि प्रोफेसर डॉ. रामदेव शुक्ल के हमनी के सभे के सम्मान बा, बाकिर नगर निगम के शीर्ष अधिकारी उनुका सम्मान के चिंता नईखे करत। एही बीच नगर निगम के मुख्य अभियंता संजय चौहान कहले कि इs मामला उनुका जानकारी में नईखे। एह संबंध में संबंधित उप अभियंता के निर्देश दिहल जाई।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.