Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

केजरीवाल के जेल में हत्या करावे के साजिश’, ED के बयान पऽ मंत्री आतिशी लगवली गंभीर आरोप

219

Arvind Kejariwal: ईडी कोर्ट के बतवले रहे कि केजरीवाल जेल में आम आ मिठाई खा रहल बाड़े ताकि जमानत खातिर आधार तइयार कइल जा सके। ओहिजा मंत्री आतिशी कहली कि भाजपा के मोताबिक काम कर रहल ईडी आज अरविंद केजरीवाल के स्वास्थ्य के लेके लगातार झूठ बोलल। जेल में केजरीवाल के उहे खाना दिहल जा रहल बा जवन डाइट चार्ट कोर्ट में जमा कइल गइल बा।

Delhi Excise Policy Scam Case में मनी लॉन्ड्रिंग मामले आरोपी बनावल गइल दिल्ली के सीएम अरविंद केजरीवाल के एगो  याचिका पऽ ईडी आपन जवाब देलस। एमें ईडी कहलस कि केजरीवाल जेल में आम आ मिठाई खा रहल बाड़े ताकि केजरीवाल स्वास्थ्य आधार पऽ जमानत मांग सकस। ओहिजा ए बयान पऽ दिल्ली के मंत्री आतिशी आपन जवाब देले बाड़ी।

आतिशी ने प्रेस कॉन्फ्रेंस में कहली कि भाजपा के कहे के मोताबिक काम कर रहल ईडी आज अरविंद केजरीवाल के स्वास्थ्य के लेके लगातार झूठ बोलल। दरअसल, जेल में केजरीवाल के उहे खाना दिहल जा रहल बा,जवन डाइट चार्ट कोर्ट में जमा कइल गइल बा। उऽ कहली कि एगो साजिश के तहत, अरविंद केजरीवाल के हत्या करावे के कोशिश कइल जा रहल बा।

केजरीवाल के इंसुलिन नइखे दिहल जात: आतिशी

उऽ कहली कि बीजेपी वाला चाहत बाड़े कि कवनो तरे से उनका घर के खाना बंद करावल जाव आ फेर उनका के जेल के खाना खिया के उनका स्वास्थ्य से खिलवाड़ कइल जाव। पिछला कई दिन से केजरीवाल के शुगर लेवल 300 पार जा रहल बा। उऽ जेल अधिकारियन से बार-बार इंसुलिन देवे के बात कह रहल बाड़े, बाकिर केहू सुनत नइखे। भगवानो ए लोग के माफ ना करिहें।

हमनी के वकीलन के कहनाम बा कि बेशक केजरीवाल के जेल से बाहर ना लिआवल जाए, बाकिर उनका के डॉक्टरन के सलाह पऽ तऽ उपचार कइल जाए के चाहीं ।

जमानत के आधार बनावे के आरोप

बता दी, ईडी राऊज एवेन्यू कोर्ट में कहलस कि केजरीवाल जमानत के खातिर आधार बनावे के चाहत बाड़े। केजरीवाल हाई ब्लड शुगर के दावा करेले, बाकिर उऽ जेल के भितरे मिठाई आ आम खा रहल बाड़े। ए चीजन के शुगर के मरीज के अनुमति ना होला। डाइट चार्ट कोर्ट के सामने रखा गइल बा। वहीं, केजरीवाल के ओर से पेश भइल अधिवक्ता विवेक जैन कहले कि आवेदन वापस लिहल जा चुकल बा आ ईडी द्वारा ई बयान मीडिया खातिर दिहल जा रहल बा।

795380cookie-checkकेजरीवाल के जेल में हत्या करावे के साजिश’, ED के बयान पऽ मंत्री आतिशी लगवली गंभीर आरोप

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.