भाजपा में शामिल हो सकेले कमलनाथ के बेटा नकुलनाथ, ट्विटर के बायो भी बदलले

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 17, 2024

कांग्रेस के वरिष्ठ नेता कमल नाथ के बेटा नकुल नाथ कांग्रेस छोड़ के भाजपा में शामिल हो सकेलें। उs आपन ट्विटर बायो भी बदल देले बाड़े। कहल जा रहल बा कि उनुका संगे कांग्रेस के

Share

कांग्रेस के वरिष्ठ नेता कमल नाथ के बेटा नकुल नाथ कांग्रेस छोड़ के भाजपा में शामिल हो सकेलें। उs आपन ट्विटर बायो भी बदल देले बाड़े। कहल जा रहल बा कि उनुका संगे कांग्रेस के 10 विधायक भी भाजपा में शामिल हो सकतारे। एक ओर कमल नाथ के भाजपा में शामिल होखे के अटकलबाजी होखता तs दोसरा ओर कमल नाथ के बेटा अवुरी छिंदवाड़ा से कांग्रेस सांसद नकुल नाथ अपना एक्स प्रोफाइल से कांग्रेस के लोगन के हटा देले बाड़े।

भाजपा में शामिल होखे के अटकलन के बीच सीएम रहल कमल नाथ अचानक आपन छिंदवाड़ा दौरा के बीच में रद्द कs दिहले बाड़न आ आजु दुपहरिया में दिल्ली जइहें। चउथा दिने आपन 5 दिन के छिंदवाड़ा यात्रा रद्द कs के आजु कमल नाथ दिल्ली खातिर रवाना हो जइहें। कमल नाथ के दिल्ली यात्रा के लेके भाजपा अवुरी कांग्रेस के बीच हलचल तेज हो गईल बा। अटकलन के मुताबिक कमल नाथ के संगे बहुत विधायक भी जा सकतारे, भाजपा प्रवक्ता नरेंद्र सलूजा सोशल मीडिया पs कमल नाथ अवुरी नकुल नाथ के फोटो पोस्ट करत ट्वीट कईले कि, “लिखले – जय श्री राम”।

हालांकि कमल नाथ के भाजपा में शामिल होखे के अटकलन पs दिग्विजय सिंह के कहनाम बा कि कमल नाथ के भाजपा में शामिल होखे के खबर खाली मीडिया के ब्रेकिंग न्यूज हs। कमल नाथ जी आपन कैरियर के शुरुआत गांधी परिवार से कईले रहले, उs कांग्रेस पार्टी के संगे मजबूती से खड़ा नेता रहले, कमल नाथ जी के गांधी परिवार से बहुत अटूट संबंध बा, जब जन संघ पार्टी इंदिरा गांधी जी के जेल में डाले वाला रहे ,ओह घरी भी कमल नाथ जी पार्टी के साथे रहले अउरी मजबूती से खड़ा रहले।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.