Gorakhpur: सड़क हादसा में कांग्रेस के महानगर अध्यक्ष के निधन, पत्नी आ लईकन के चल रहल बा इलाज

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 25, 2024

गोरखपुर। कांग्रेस के महानगर अध्यक्ष आशुतोष तिवारी के बीतल रात 12 बजे गाजीपुर-वाराणसी मार्ग पs बिरनो थाना अंतर्गत टोल प्लाजा बिरनो के लगे कार दुर्घटना में निधन हो गइल बा। कार में सवार पत्नी आ

Share

गोरखपुर। कांग्रेस के महानगर अध्यक्ष आशुतोष तिवारी के बीतल रात 12 बजे गाजीपुर-वाराणसी मार्ग पs बिरनो थाना अंतर्गत टोल प्लाजा बिरनो के लगे कार दुर्घटना में निधन हो गइल बा। कार में सवार पत्नी आ दुनो लईकी चोटिल बा लो, जेकर इलाज वाराणसी में चल रहल बा।

आशुतोष, मूल रुप से बदरा के देवेंद्र त्रिपाठी आ ककरही के शिक्षिका स्व. रामा त्रिपाठी के पुत्र रहस। ककरही गांव में रामकृपाल शुक्ल के घर पs इनकर शिक्षा दीक्षा भइल रहे। ऊ उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षणेत्तर एसोसिएशन के कार्यकारी अध्यक्ष आ आचार्य नरेंद्रदेव इंटर कॉलेज लहसड़ी के क्लर्क पद पs रहस। एकरा संगही कांग्रेस कमेटी गोरखपुर के महानगर अध्यक्ष के जिम्मा उनका ऊपर रहे।

आम आदमी पार्टी के जिलाध्यक्ष विजय कुमार श्रीवास्तव एगो फेसबुक पोस्ट के माध्यम से उनका निधन पs आपन शोक व्यक्त करत आपन श्रद्धांजलि देलें। ऊ लिखलें कि हम अपना प्रिय मित्र आ शुभचिंतक के सड़क दुर्घटना में निधन से स्तब्ध बानी। ईश्वर से प्रार्थना करत बानी कि उनका परिवार के दुख सहे के शक्ति देस। उनका निधन के सूचना मिलतही गोरखपुर में उनका समर्थक लोगन में शोक के लहर फइल गइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.