CM योगी सुनलें 200 लोगन के समस्या:s बोललें-घबराईं मत, हर समस्या के होगा समाधान, जमीन कब्जा पs सख्त कार्रवाई के निरदेस

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 26, 2025

गोरखपुर: मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ मंगर के गोरखपुर पहुंचलें आ गोरखनाथ मंदिर में रात्रि प्रवास कइलें। बुध के सबेरे महंत दिग्विजयनाथ स्मृति भवन के सामने आयोजित जनता दर्शन में ऊ करीब 200 लोगन के समस्या सुनलें

Share

CM योगी सुनलें 200 लोगन के समस्या:s बोललें-घबराईं मत, हर समस्या के होगा समाधान, जमीन कब्जा पs सख्त कार्रवाई के निरदेस

गोरखपुर: मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ मंगर के गोरखपुर पहुंचलें आ गोरखनाथ मंदिर में रात्रि प्रवास कइलें। बुध के सबेरे महंत दिग्विजयनाथ स्मृति भवन के सामने आयोजित जनता दर्शन में ऊ करीब 200 लोगन के समस्या सुनलें आ अधिकारियन के त्वरित आउर पारदर्शी समाधान के निरदेस देलें।

हर पीड़ित के मिली न्याय, घबरइला के जरूरत नइखे

जनता दर्शन में मुख्यमंत्री लोगन से संवाद करत कहलें कि हर पीड़ित के न्याय मिली आ केहूओ के घबरइला के जरूरत नइखे। ऊ अधिकारियन के निरदेस देलें कि शिकायतन के समाधान समयबद्ध आ संतुष्टिप्रद तरीका से करीं। ऊ स्पष्ट कइलें कि समस्यन के समाधान में लापरवाही बर्दाश्त ना होई।

जमीन कब्जा पs सख्त कार्रवाई के आदेस

जनता दर्शन में कइयन गो लोग अपना जमीन पs अवैध कब्जा के शिकायत कइलें। मुख्यमंत्री एकरा पs सख्त रुख अपनावत अधिकारियन के निरदेस देलें कि दोषियन के खिलाफ कड़ा कानूनी कार्रवाई होखे। ऊ इहो कहलें कि जदि कवनो पीड़ित के लगातार परेसानी के सामना करे के पड़ल तs जांच कs के जिम्मेदारी तय कइल जाई आ दोषियन पs कार्रवाई होखे।

बेमारन के आर्थिक मदद के भरोसा

जनता दर्शन में कुछ लोग इलाज खातिर आर्थिक सहायता के गुहार लेके पहुंचल रहस। मुख्यमंत्री उनका के आश्वस्त कइलें कि धन के कमी केहूओ के इलाज में बाधा ना बनी। ऊ अधिकारियन से कहलें कि संबंधित अस्पतालन से इलाज के इस्टीमेट जल्दी तइयार कराके शासन के भेजल जाई, जवना से विवेकाधीन कोष से आर्थिक सहायता दिहल जा सके।

लईकन से बातचीत कइलें, चॉकलेट आ आशीर्वाद देलें

जनता दर्शन के दौरान मुख्यमंत्री परिजनन के संगे आइल लईकन से बातचीत कइलें। ऊ ओकनी के पढ़ाई-लिखाई के जानकारी लेलें आ चॉकलेट गिफ्ट करत आशीर्वाद देलें। मुख्यमंत्री के ई स्नेहपूर्ण अंदाज देखके लोग भावुक हो गइल।

जनता से सीधा संवाद, अधिकारियन के निरदेस

मुख्यमंत्री जनता दर्शन में कुर्सियन पs बइठल लोगन तक खुद पहुंचके ओह लोगन के समस्या सुनलें। ऊ अधिकारियन के निरदेसित कइलें कि हर समस्या के समाधान त्वरित, निष्पक्ष आ पारदर्शी तरीका से कइल जाव। ऊ इहो कहलें कि सरकारी योजनन के लाभ जरूरतमंद लोगन तक पहुंचे के चाहीं आ एमे कवनो लापरवाही ना होखे के चाहीं।

Read Also:

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.